Angry with his beahiour the advocates of Deoria boycotted the court of the DM on Monday and demonstrated amidst tight security. The DM denies misbehaving with any advocate.

देवरिया के वकील काल्हु जिलाधिकारी के न्यायालय के सामूहिक वहिष्कार कइले आ समाहरणालय में जम के प्रदर्शन कइले. ओह लोग के नाराजगी जिलाधिकारी के व्यवहार से बा बाकिर जिलाधिकारी पवन कुमार के कहना बा कि अधिवक्ता समाज के सम्मानित लोग हउवे आ ऊ हमेशा ओह लोग के सम्मान करेले, हो सकेला कि कवनो गलतफहमी का चलते ऊ लोग नाराज होखे.

प्रदर्शनकारी वकील के माँग बाकि लाइसेन्सी हथियार दिआवे में होखे वाला हीला हवाली बन्द कइल जाव, एके जगहा बरिसन से तैनात कर्मचारियन के तबादला कइल जाव आ गाँव के गाँव के खतौनि गायब कर देबे वालन का खिलाफ मुकदमा चलावल जाव.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: