टटका खबर : 27 अक्टूबर 2014, सोमार

by | Oct 27, 2014 | 0 comments

विएतनाम के प्रधानमंत्री  नुएन तन जुंग  संगे बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी

विएतनाम के प्रधानमंत्री नुएन तन जुंग संगे बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी

  • वियतनाम के प्रधानमंत्री नुएन तन जुंग सोमार का दिने बोधगया जा के महाबोधि मंदिर में विशेष प्रार्थना कइलन. ऊ बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी का साथ कुछ मुद्दन पर बातचीत कइलन.
  • उत्तर प्रदेश लेखपाल संघ के गोहार पर आजु राज्य के लेखपाल बेमियादी हड़ताल पर चल गइले.
  • बस्ती जिला के महुअर गाँव का लगे आजु आगो ट्रक से टकरा के एगो मोटरसाइकिल सवार के मौत हो गइल. मोटरसाइकिल पर सवार दोसरका आदमी घवाहिल हो के बाँच गइल बा.
  • लोकसभा चुनाव का बेरा वाराणसी में गंगा सफाई अभियान चलावे के वादा पूरा करे खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के टीम काल्हु मंगल का दिने वाराणसी के दौरा करी. टीम के अगुआ रहींहे कैराना से भाजपा सांसद आ जल संसाधन संसदीय समिति के अध्यक्ष हुकुम सिंह.
  • रोहतास जिला के लालगंज गांव में आजु एगो नवही गरदन में फंदा डाल के खुदकुशी क लिोहलसि. कारण के पता लगावत बिया पुलिस.
  • सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आजु अपना बेटा आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के फेरू तीन बरीस ला पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष घोषित क दिहलन.
  • जौनपुर जिला के सुजानगंज इलाका में साइबर क्राइम करे वाला चार जने के गिरफ्तार क के ओकनी का लगे से लैपटाप, मल्टीमीडिया मोबाइल फोन, मॉडम, पेनड्राइव आ एगो रजिस्टर जब्त कइलसि पुलिस.
  • आजु सोमार का दिने केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट के विदेश में करिया धन राखे वाला आठ जने के नाम बता दिहलसि. बाकिर ई ना बतवलसि कि एह लोग के खाता मे धन केतना जमा बा.
  • पूर्वी चंपारण जिला के पताही इलाका के परसौनीकपुर गांव में आशिकई का फेर में एक आदमी के गोली मार के हत्या क दिहल गइल बा.
  • दिवाली का मौका पर दिहल बिजली के भरपाई करत यूपी में बिजली के भयंकर कटौती के दौर फेरू शुरु हो गइल बा.
  • बलिया के सदर कोतवाली इलाका में मालगोदाम रोड का लगे एगो कम्प्यूटर शो रूम में आजु भोर में आग लगला से एक आदमी के जर के मौत हो गइल.
  • मुहर्रम के शुरु भइला पर काल्हु पहिला मोहर्रम पर जौनपुर के बाजार भुआ से अलम के जुलूस निकलल आ रात में मुफती मोहल्ला में जरत दहलत अंगार पर लोग मातम मनावल.
  • भोजपुरी इलाका के महापर्व छठ आजु नहाय खाय का साथ शुरू हो गइल. काल्हु खरना होखी आ परसो दिन भर के उपास का बाद साँझ बेरा भगवान आदित्य के अर्घ्य दिहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up