A body has been recovered from Hazari Pokhra of Bettia and is said to be that of Upendra Singh, a policeman recently came on transfer from Motihari and posted at DM residence. His bag was found at the side of the pond. Police suspects this to be a case of accidental drowning. Postmartem report is still awaited.
Upendra belonged to Purushottampur of Muzaffarpur.
बेतिया का हजारी पोखरा से बुध का दिने एगो सिपाही के लाश मिलल जवना के जिलाधिकारी का आवास पर तैनात सिपाही उपेन्द्र सिंह के बतावल जा रहल बा. मुजफ्फरपुर के मनियारी थाना के पुरुषोत्तमपुर के रहे वाला उपेन्द्र कुछ दिन पहिलही मोतिहारी से तबादला हो के बेतिया आइल रहले. पोखरा का किनारे एगो बैगो पड़ल मिलल जवना के उपेन्द्रे के बतावल जा रहल बा.
पुलिस अन्दाजा लगा रहल बिया कि रात का अन्हार में उनका रास्ता के थाह ना लागल होखी आ गोड़ बिछला के पोखरा में गिर गइल होखीहन. पोस्टमार्टम के रिपोर्ट का बादे सही कारण के अनुमान लगावल जा सकी कि ई दुर्घटना ह कि कुछ अउर.