खबर भोजपुरी में (बियफे, 22 जनवरी 2015)

by | Jan 22, 2015 | 0 comments

(बुध, 21 जनवरी के खबर)
KiranBedi-nomination

  • स्‍वाइन फ्लू से तेलंगाना में नाहियो त 19 जने के मौत हो चुकल बा आ एकरा के रोके के हर संभव उपाय कइल जा रहल बा. तीस लोग के इलाज अस्पतालन में हो रहल बा. हालांकि जनता के चेतावल गइल बा कि घबरा के अपने से आपन बचाव के इलाज शुरु नइखे करे के. तनिको अनेसा बुझाव त नजदीक के अस्पताल में चहुँपी.
  • बुध का दिने दिल्ली विधानसभा चुनाव के परचा भरे के आखिरी तारीख रहुवे आ ढेरे लोग आज आपन परचा दाखिल कइल. एहमें तीनो बड़का गोलन के नेता – किरण बेदी, अजय माकन, अरविन्द केजरीवाल – शामिल रहले. सगरी परचा के जाँच बियफे 22 तारीख के कइल जाई आ 24 ले लोग नाम वापिस ले सकी.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि कुछ दिन पहिले सीबीआई प्रधानमंत्री रहल डॉ॰ मनमोहन सिंह से कोयला ब्‍लॉक आवंटन घोटाला मामिला में जवन पूछताछ कइलसि तवना में ओकर कवनो भूमिका ना रहल. पूछताछ करे के निर्देश अदालत से मिलल रहे सीबीआई के. पहिले त एह खबर के दबावे के भरपूर कोशिश भइल बाकिर अब कांग्रेस के कहना बा कि जवन कुछ पूछल गइल तवना के जवाब प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह दे दिहले. ऊ त हमेशा से जाँच में सहयोग करे ला तइयार रहलन.
  • संसद के बजट सत्र 23 फरवरी से शुरू होखी आ 20 मार्च ले चलत रही. दुसरका चरण 20 अप्रेल से 8 मई ले चलावल जाई. एह बात के फैसला बुध का दिने गृह मंत्री राजनाथ सिंह के अध्‍यक्षता में संसदीय मामलन के केबिनेट समिति के बइठक में लिहल गइल.
  • असम के मुख्‍यमंत्री तरुण गोगोई असम में भूमि अधिग्रहण अध्‍यादेश के लागू करे से मना कर दिहले बाड़न. कहलन कि उनकर राज्य एगो अलगे मसविदा तइयात करावत बिया.
  • बुध का दिने लगातार पाँचवा दिन शेयर बाजार में तेजी बनल रहल आ सेंसेक्स 104 अंक आ निफ्टी 34 अंक चढ़ के बन्द भइल. दुनू अपना अबले के सबले ऊँचका स्तर पर बंद भइली सँ. डालर के मुकाबले रुपिया 6 पइसा मजबूत हो गइल. डालर के नयका भाव 61.63 रुपिया रहल.
  • मेलबर्न में होखत आस्ट्रेलियन ओपन टेनिस टूर्नामेंट के तिसरका दिने लिएंडर पेस आ सानिया मिर्जा अपना-अपना वर्ग में डबल्‍स मुकाबला के मैच जीत के दुसरका दौर में चहुँप गइले.
  • यूपी के पुलिस महानिदेशक रहल बृजलाल बुध का दिने भाजपा में शामिल हो गइले. उनुका साथही रिटायर्ड पुलिस उपमहानिरीक्षक रहल ज्ञानो सिंह भाजपा में शामिल हो गइले.
  • बिहार भाजपा बुध का दिने राज्य में जगहे जगह कर्पूरी जयंती मनवलसि. बक्सर के समारोह में सुशील मोदी कहलन कि नीतीश आ जीतन राम के झगड़ा में बिहार पिछड़ल जात बा.
  • सारण जिला के गड़खा इलाका के हकमा में एगो गैस गोदाम के कर्मचारी से कुछ अपराधी असलहा का बल पर डेढ़ लाख रूपिया लूट लिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up