खबर भोजपुरी में (बुध, 10 दिसंबर 2014)

by | Dec 10, 2014 | 0 comments

(मंगल 9 दिसंबर के खबर)

हालैण्ड के हरवाला बाद खुशी जतावत भारत के हाॅकी टीम.

हालैण्ड के हरवाला बाद खुशी जतावत भारत के हाॅकी टीम.

  • जम्‍मू कश्‍मीर आ झारखंड विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोटिंग मंगल का दिने शांति से पूरा हो गइल. जम्‍मू कश्‍मीर में 58 फीसदी आ झारखंड में 61 फीसदी वोटर आपन वोट करे अइलें.
  • सरकार मोटरवाहन अधिनियम -1988 में संशोधन करे के सोचत बिया. ई बात मंगल का दिने सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी संसद भवन परिसर में पत्रकारन से बतियावे का दौरान कहलन. कहलन कि एगो रिपोर्ट आइल बा कि तीस फीसदी ड्राइविंग लाइसेन्स फर्जी बाड़ी सँ. कहलन कि सिस्टम के डिजिटिलाइजेशन के के सगरी लाइसेंस के आंकड़ा एके जगहा राखल जाई जेहसे ओह ड्राइवर का बारे में पूरा जानकारी एके जगहा से मिल सकी आ केहू नकली लाइसेंस ना बना पाई.
  • लोकसभा से भुगतान आ निपटान प्रणाली संशोधन विधेयक 2014 पारित हो गइल. एह विधेयक में भारत के वित्‍त बाजार के पारदर्शिता आ स्थिरता के दुनिया के चलन का हिसाब से बढ़ावे के काम कइल जाई. वित्‍त मंत्री अरूण जेटली कहलन कि एह से भुगतान के बेहतर निपटान आ विनियमन हो सकी आ दोसरा का खाता में गलती से जमा हो गइल धन के निपटान के कानूनी प्रावधान क दिहल जाई.
  • वित्‍त मंत्री अरुण जेटली बतवलन कि साल 2014-15 के विनिवेश कार्यक्रम में कोल इंडिया, तेल आ प्राकृतिक गैस निगम, ओ एन जी सी अउर राष्‍ट्रीय जल विद्य़ुत निगम के कुछ शेयर बेचल जाई.
  • मंगल का दिने लगातार तिसरका दिने शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल, मंगल का दिने सेंसेक्स 322 अंक लुढ़क के 27797 पर बंद भइल आ निफ्टी 98 अंक गिरके 8341 पर.
  • 35वीं चैंपियन्‍स ट्रॉफी हॉकी प्रतियोगिता के पूल बी के अंतिम लीग मैच में भारत 3-2 गोल से हालैण्ड के हरा दिहलसि.
  • एडिलेड में भारत से खेलत शृंखला के पहिलका क्रिकेट टेस्‍ट मैच का पहिलल दिने ऑस्‍ट्रेलिया अपना पहिलका पारी में छह विकेट का नुकसान पर 354 रन बनवलसि.
  • केन्द्रीय विश्वविद्यालय संशोधन विधेयक संसद से पारित हो गइला का बाद मोतिहारी में केन्द्रीय विश्वविद्यालय स्थापित करे के संवैधानिक औपचारिकता पूरा हो गइल. एह संशोधन विधेयक के आजु राज्योसभा पारित क दिहलसि.
  • सारण जिला के दिघवारा इलाका के इसमइला गाँव में आपसी झगड़ा में एक आदमी के जान ले लिहल गइल.
  • पश्चिम चंपारण जिला के एगो अदालत से गांजा तस्करी करे वाला गोपालपुर थाना निवासी महबूब साव के दस बरीस के कड़ा जेल के सजा आ तीन लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनावल गइल.
  • स्टेट बैंक में क्लर्क बहाली का साक्षात्कार ले चहुँप गइल पाँच गो जालसाजन के गिरफ्तार क लिहल गइल. ई लोग अपना बदले दोसरा से इम्तिहान दिआ के सफल भइल रहे. अंगूठा के निशान आ दस्तखत के मिलान ना हो पइला का बाद एहनी के पकड़ल गइल.
  • बलिया के दू गो बड़का काशलेजन के छात्रसंघ चुनाव में टीडी काॅलेज से विजयानंद सिंह के अध्यक्ष आ नीरज दुबे के महामंत्री चुनल गइल जबकि कुँवर सिंह काॅलेज में अध्यक्ष पद पर अभिषेक कुमार यादव आ महामंत्री पद पर आशुतोष कुमार ओझा के जीत मिलल.
  • आमिर खान भोजपुरी में फिलिम बनावे के सोचत बाड़न. ई बात ऊ बिग मैजिक चैनल खातिर लिहल इंटरव्यू में मनोज तिवारी से कहलन. बतवलन कि बनारस के गलियन में थ्री इडियट के प्रोमो खातिर घूमे का दौरान उनका भोजपुरी के बेंवत के थाह लागल आ तबे सोचलन कि अगिला फिलिम में भोजपुरी में बोलीहन. अब ‘पीके’ फिलिम में आमिर खान के भोजपुरी बोलत सुनी लोग. हालांकि मनोज तिवारी भोजपुरी में सवाल पूछलन आ आमिर खान के जवाब हिंदी में आवत रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up