खबर भोजपुरी में (सोमार, 15 दिसंबर 2014)

by | Dec 15, 2014 | 0 comments

(अतवार, 14 दिसंबर के खबर)

पश्चिम बंगाल के कचरापाड़ा में वायु सेना चयन बोर्ड के उद्घाटन का मौका पर वायु सेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल अरूप राहा का संगे बड़का अधिकारी (13 दिसंबर, 2014)

पश्चिम बंगाल के कचरापाड़ा में वायु सेना चयन बोर्ड के उद्घाटन का मौका पर वायु सेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल अरूप राहा का संगे बड़का अधिकारी (13 दिसंबर, 2014)

  • झारखंड आ जम्‍मू कश्‍मीर में विधानसभा चुनाव के चउथका दौर शांति से निबट गइल. झारखंड वि‍धानसभा के 15 सीट पर भइल एह दौर में 61 फीसदी से अधिका वोट पड़ल. पिछला तीन दौर के हिसाब से एह दौर में कम वोट पड़ल बा. चउथका दौर में जम्‍मू कश्‍मीर के 18 सीट ला भइल मतदान में 49 फीसदी लोग वोट डाले आइल. इहो वोटिंग पिछला दौर से कम रहल. एकर दोस अलगाववादियन के कम मौसम के अधिका दिहल जाई. एह राज्यन में अगिला आ आखिरी दौर के मतदान 20 तारीख के करावल जाई आ 23 दिसंबर के वोट गिनाई.
  • देश के लोग से अपना मन के बात बतियावत प्रधानमंत्री मोदी देश के नवहियन में नशा के बढ़त लत पर चिंता जतावत कहलन कि नशा के लत मानसिक, सामाजिक आ चिकित्‍सा से जुड़ल समस्या बा बाकिर एकर असर देश आ समाज के सुरक्षो से बा. काहें कि कई बेर नशा के धंधा से मिलल कमाई के इस्तेमाल आतंकी गतिविधियन ला होखेला. कहलन कि एह समस्या से निबटे ला आदमी, परिवार, समाज आ सरकार सबही के मिल के काम करे के पड़ी. एह मन के बात का दौरान पीएम मोदी देश के लोग के क्रिसमस आ नया साल के बधाईयो दिहलन.
  • बेंगलूरू पुलिस के उपायुक्‍त-अपराध अभ‍िषेक गोयल के इस्लामिक स्टेट के ट्विटर हैंडल चलावे वाला मेहदी मसरूर के गिरफतारी करे खातिर धमकी वाला टिवट कइल गइल बा, पुलिस ओहू हैंडल के जाँच शुरु क दिहले बिया. एह बीच अदालत मेहदी मसरूर के पाँच दिन के पुलिस हिरासत में दे दिहले बावे.
  • भुवनेश्‍वर में चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट के फाइनल में जर्मनी पाकिस्‍तान के 2-0 गोल से हरा दिहलसि आ खिताब जीत लिहलसि. दोसरा तरफ कांस्य पदक खातिर भइल मैच में भारत 1-2 गोल से ऑस्‍ट्रेलिया से हार गइल आ कांस्यो पदक ना जीत पवलस.
  • जापान में भइल चुनाव का बाद के सर्वे में बतावल जात बा कि प्रधानमंत्री शिंजो आबे के लिबरल डेमोक्रेटिक पार्टी के भारी बहुमत मिलत लउकत बा. हो सकेला कि उनका दू तिहाइ बहुमत मिल जाव.
  • करिया कमाई वाला धन के पता लगावे ला बनावल विशेष जांच दल चाहत बा कि कर चोरी के गंभीर अपराध मानल जाए के चाहीं. एकरा बाद दोसरा देशन से जानकारी लेबे में सहूलियत हो जाई आ कर चोरी के अपराधो कम होखी.
  • केन्द्रीय मानव संसाधन विकास राज्य मंत्री रमा शंकर कठेरिया कहले बाड़न कि मिर्जापुर में काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के राजीव गांधी साउथ कैम्पस के डीम्ड विश्वविद्यालय बनावे के कोशिश कइल जाई.
  • बक्सर पुलिस अतवार का दिने सघन अभियान चला के छह गो अपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी के अनेके मामिला में पुलिस खोजत रहुवे.
  • कैमुर जिला के भभुआ-मोहनिया रोड पर दू गो गाड़ियन के टक्कर में दू लोग के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up