As water level in Ghaghra has started receding water level in river Ganges has started rising and its flood water has entered many villages in Ballia. Ghaghra too is creating havoc despite receding water level. Administration is slow in providing relief to the affected villages.

घाघरा के पानी घटला का बावजूद बलिया के प्रभावित गाँवन के संकट कम नइखे होखत. ओने गंगो नदी के पानी उफनाये लागल बा आ नया नया गाँव बाढ़ का पानी में घेरात जात बाड़ेन. टोला फतेराय समेत करीब आधा दर्जन गाँव में गंगा के पानी घुस गइल बा. घाघरा के पानी मुरली छपरा विकास खंड के छह गो गाँव में कहर बरपवले बा. सरकारी सहायता गते गते चहुँप रहल बा.
भाजपा नेता भरत सिंह माँग कइले बाड़न कि सरकार बाढ़ पीड़ितन तक राहत चहुँपावे में जल्दी करे काहे कि लोग के जिनिगी अस्त व्यस्त हो गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: