After mishandling of a junior doctor by irrate relatives of a patient on Thursday the junior doctors have gone on on strike. Patients are shifting to private hospital in large numbers resulting in a situation where many nursing homes are refusing fresh admissions.


पटना मेडिकल कालेज के जूनियर डाक्टरन का हड़ताल का चलते मरीजन के बहुत परेशानी हो रहल बा. बियफे का दिने एगो मरीज के परिजन आ डाक्टरन का बीचे भइल मारपीट का बाद अस्पताल के जूनियर डाक्टर हड़ताल पर चल गइले. हड़ताल लमहर खींचइला के अनेसा देखत बहुते मरीज अगल बगल का नर्सिंग होम चल गइले. मरीजन के भीड़ अतना बढ़ गइल कि निजी अस्पतालन में कवनो बेड नइखे बाचल. अब नया मरीजन के परिजन आपन रोगी ले के एने से ओने धावत बाड़न.

देखल जाव त एह तरह के समस्या अब चारो तरफ आ रहल बा. रोगी आ डाक्टर का बीच के संबंध अतना खराब हो गइल बा कि ठीक भइले त भगवान के दया रहुवे ना त ससुरा डाक्टरवे चूतिया रहुवे कि हमार केस बिगाड़ दिहे देहलसि. आये दिन डाक्टरन पर होखत हमला इहे देखावत बा. डाक्टर लोग के चाहीं कि एह पर विचार करसु कि कहवाँ कवन गलती हो गइल कि समाज अब ओह लोग के भगवान नइखे मानत आ समाजो के विचार करे के पड़ी कि का हर बेर डाक्टर के गलती रहबे करेला ?

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d