The Naxalites have killed one ASI of police taken captive. They are demanding release of some of their fellow criminals and have taken this inhuman step. On the otherhand one of their mentors Kishanji has asked for the resignation of PChidambaram for the so-called killing of a naxal leader in police captivity.

अपना साथियन के रिहाई के माँग करत नक्सली अपहृत सिपाहियन में से एगो दरोगा के हत्या कर दिहले बाड़न स. दोसरा तरफ नक्सलियन के नेता किशनजी गृहमंत्री के त्यागपत्र मँगले बावे. ओकर कहनाम बा कि एगो नक्सली नेता चेरियार राजकुमार के पुलिस नकली मुठभेड़ में मार दिहले रहे. एह चलते किशनजी दू दिन के हड़ताल के एलान कइले बा जवन कि नक्सल प्रभावित आठ गो राज्यन में होखी. अपहृत दरोगा के हत्या का बाद बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा आ केन्द्र बिहार के बहुते केन्द्रीय सुरक्षा बल भेजे के तइयार हो गइल बा. नक्सलियन का कब्जा में अबहियो तीन गो सिपाही बाड़े स. घटना लखीसराय में भइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: