Reliance Media World Ltd. , a venture of Anil Dhirubhai Ambani group, has started three entertainment TV channels and all these will be in English. This was announced at a function held in Mumbai.
अनिल अंबानी वाला रिलायन्स समूह तीन गो नया मनोरंजन टीवी चैनल के शूरुआत कर दिहले बा जवन सगरी अंगरेजी में रहीहें स. अब सिरफल पाकल त कउवा के बाप के का, बाकिर खबर मनोरंजक बा से बता दिहल जरुरी बुझाइल.
समारोह में अंगरेजी में बोलत हिन्दी के मशहुर सिने स्टार आमिर खान कहले कि बड़ा अद्भूत लागऽता कि मनोरंजन का क्षेत्र में नया नया अंगरेजी चैनल आ रहल बाड़ी स. सोनूओ निगम आपन खुशी जतवले.
अब जब चैनल के बात चलल बा त बतावत चली कि चैनल चालू कइला से बड़हन काम ओकरा के डिश आ केबल कंपनियन का लिस्ट में शामिल करावल होखेला. देखी ना, भोजपुरिये में कम से कम चार गो चैनल बाड़ी स जवना में से महुआ के त चल निकलल बा बाकिर बाकि तीनो बहुते कम जगहा उपलब्ध बा. इन्तजार कइल जाव कि कहियो कवनो भोजपुरिया बिजनेस मैन अइसन डिश कंपनी शुरु करी जवना का बेसिक पैक में सगरी भोजपुरी चैनल रही आ बाकियो चैनल आन डिमांड मिल सकी.