अगिला साल से डाक्टरी पढ़े के इच्छा राखे वाला विद्यार्थियन के एके गो अखिल भारतीय परीक्षा देबे के पड़ी आ अलग अलग राज्य भा अलग अलग मेडिकल कालेज खातिर अलग अलग कई गो इम्तिहान ना देबे के पड़ी. सरकार के एह कदम से विद्यार्थियन के बहुते राहत मिली.
मंत्रालय के कहनाम बा कि सरकारी भा निजी हर तरह के मेडिकल कालेज में एही परीक्षा के परिणाम का आधार पर प्रवेश लेबे के पड़ी.
सरकार एहू कोशिश में बिया कि मेडिकाल कालेजन में शिक्षकन के कमी के जल्दी से जल्दी दूर कइलल जाव आ मेडिकल का पढ़ाई के गुणवत्ता बढ़ावल जाय.
Central govt has decided that from the next year there will be a single entrance examination for medical colleges, one each for graduate and post-graduate courses.