The ruling Congress party has no one suitable to for the presidency of the party so Sonia has been reelected the party President for the fourth term and congressmen says she may continue as the party President for her life as is done in RSS. RSS chiefs are for life. Though they have started handing over the baton in their life time to the choosen one. Sonia too will do the same one day.
कांग्रेस का संविधान में दू तरह के व्यवस्था बा. आम कांग्रेसी खातिर दोसर आ सोनिया राहुल गाँधी खातिर दोसर. काल्हु सोनिया गाँधी फेर से कांग्रेस के अध्यक्षा चुना गइली. केकरा कुकुर कटले रहे जे उनका सोझा आपन परचा भरीत. अब भाजपा एह बाति के गलत बतावत बिया आ कहत बिया कि त्याग के प्रतिमूर्ती एक बेर कांग्रेस के अध्यक्षो पद छोड़ के देखवती !
कांग्रेसी एह बात पर आपत्ति जतवले बाड़न आ कहत बाड़न कि हमनी के मरजी, सोनिया के चार बेर अध्यक्ष बनाईं कि चालीस बेर, दोसर बोले वाला के होला ? ठीके कहत बा लोग. ई मामिला कांग्रेस के ह कांग्रेसे के निपटे के बा. आ कांग्रेस में लोकतन्त्र कबो रहल होखे त रहल होखे इन्दिरा गाँधी का बाद कांग्रेस उनका परिवार का बिना ना चल सके. बीच में सीताराम आइल रहन त कांग्रेस के राम नाम सत्य होत होत बाचल रहुवे. सोनियो का करसु, राहुल बाबू पद लेबे के तइयार नइखन आ बिआहल बेटी के घर के संपत्ति सँउपल भारतीय परम्परा का खिलाफ नू होखी.