टटका खबर : 10 सितंबर 2014

by | Sep 10, 2014 | 0 comments


टटका भारत


जम्‍मू-कश्‍मीर के बाढ़ वाला इलाकन से 50 हजार से अधिका लोग के सेना आ राष्‍ट्रीय आपदा कार्रवाई बल बचा लिहले बिया, एह बचावल लोग में नेपाल के राजदूत आ उनका संगेे गइल 17 लोग, आ गोल्‍फ के सार्क टीम के 28 गो पाकिस्‍तानी खिलाड़ीओ शामिल बाड़े. बरखा त रूकल बा बाकिर हालात अबहियों गंभीर बनल बा. चार लाख लोग अबहियों कश्मीर घाटी में घेराइल बा बाढ़ का पानी में.

सी बी आई मंगल का दिने कोलकाता में तृणमूल कांग्रेस के नेता आ पश्चिम बंगाल के पुलिस महानिदेशक रहल रजत मजूमदार के सारधा चिट फंड मामिला में गिरफ्तार कर लिहले बिया. जब उमुका से सवाल पूछल गइल त उ जवाब ना दिहलन आ तब सीबीआई उनका के गिरफ्तार क लिहलसि.

उच्‍चतम न्‍यायालय कोयला घोटालेबाजन के बचावे के आरोप लागल सीबीआई निदेशक से पूछले बावे कि दस दिन का भीतर बतावस कि उनुका के काहे ना हटा दिहल जाव.

बंबई उच्‍च न्‍यायालय पुणे के एगो सिरफिरा ड्राइवर संतोष माणे के मौत के सजा बरकरार रखलसि. माणे जनवरी 2012 में एगो बस ले के शहर में नौ लोग के कचार के मुआ दिहले रहुवे.

दिल्ली के राजनीतिक संकट खातिर भारतीय जनता पार्टी के दिल्‍ली इकाई के अध्‍यक्ष सतीश उपाध्‍याय आम आदमी पार्टी के नेता अरविन्‍द केजरीवाल के जिम्‍मेदार ठहरवले. कहलन कि अगर सरकार बनावे के बोलहटा मिलल त भाजपा ओह पर विचार क के फैसला करी.

भाजपा हरियाणा में अकेलही चुनाव लड़े के तइयारी करत बिया. हरियाणा जनहित कांग्रेस से ओकर गठबन्हन पिछला महीने टूट गइल रहे.

कांग्रेसी नेता बेनी प्रसाद वर्मा के कहना बा कि राहुल का खिलाफ कांग्रेसे के दू गो बड़का नेता साजिश करे में लागल बाड़ें.

शिया मुसलमानन के एगो संगटन आल इंडिया हुसैनी फंड आतंकवादी संगठन जमात उद दावा के सरगना आ मुम्बई हमला के मास्टरमांइड हाफिज सईद के मूड़ी काट के ले आवे वाला के पाँच करोड़ रुपिया इनाम देबे के एलान कइले बावे.

रेल मंत्री रहल आ पश्चिम बंगाल कांग्रेस के अध्यक्ष अधीर रंजन चौधरी मंगल का दिने कहलन कि लागत बा कि मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अबकियो पाँच साल ले मुख्यमंत्री ना रह पइहें. ममता बनर्जी पर सारधा चिटफंड घोटाला के दाग लागे का चलते हो सकेला कि इस्तीफा देबे के पड़ जाव.

आ आपा नेता कुमार विश्वास खुले आम नरेन्द्र मोदी के सराहत अपना पार्टी के अनेके फैसला के खिलाफ बोलले बाड़न. लागत बा कि उ पार्टी छोड़ भाजपा में जाए के तइयारी करत बाड़न.


टटका बिजनेस


218 गो गैर कानूनी कोयला खंड के आवंटन रद्द करे वाला मामिला में उच्चतम न्यायालय आपन फैसला सुरक्षित रख लिहलसि. केन्द्र सरकार के कहना रहल कि अगर उच्‍चतम न्‍यायालय एह सगरी आवंटन के रद्द कर देव त ओकरा कवनो उजूर ना होखी.

मंगल का दिने रूपया डॉलर के मुकालबे 31 पइसा हो गइल. मुंबई शेयर बाजार के सेंसेक्सो 55 अंक का गिरावट संगे बंद भइल आ सोना 150 रुपिया सस्‍ता हो के.


टटका खेल


राष्ट्रमंडल खेल में चैम्पियन रहल जीतू राय स्पेन के ग्रेनाडा मे चलत 51वीं आई. एस. एस. एफ. विश्व निशानेबाजी प्रतियोगिता मे मरदन के 50 मीटर पिस्टल स्पर्धा मे रजत पदक जीत लिहले बाड़न आ साथ ही 2016 के रियो ओलंपिक खातिर क्वालीफाई कर गइलन.

अंतर्राष्‍ट्रीय क्रिकेट परिषद पाकिस्‍तान के ऑफ स्‍पीनर सईद अजमल के गलत गेंदबाजी ऐक्‍शन का चलते निलंबित कर दिहलसि.


टटका बिहार


झारखंड के राजधानी रांची के सीबीआई विशेष अदालत मंगल का दिने चारा घोटाले के नियमित मामला 38ए/96 में बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के ओह याचिका के खारिज क दिहलसि जवना में उ अइसनके एगो मामिला में सजा पा चुकल बाड़न आ एके तरह के आरोप खातिर दोसर मामला में उनका पर मुकदमा ना चलावल जा सके. अदालत उनुका तर्क के ना मनलसि आ याचिका खारिज क दिहलसि.

पश्चिम चंपारण जिला के मुफस्सिल इलाका में सरैया नहर के नियरा बेतिया नौतन रोड पर एसएसबी के जवान मंगल का दिने दू लाख रूपिया के जाली नोट साथे एगो नवही के गिरफतार क लिहले.

रोहतास जिले के दिनारा इलाका के थाना क्षेत्र के भांती गांव में मंगल का दिने एगो मामूली विवाद में एगो आदमी अपना छोटे भाई के पीट पीट के मुआ दिहलसि.

पूजा का सीजन में भीड़ निपटावे ला अहमदाबाद पटना के बीच एगो विशेष साप्ताहिक ट्रेन पांच से 28 अक्टूबर ले चलल करी.


टटका यूपी


चुनाव आयोग भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के चुनाव आचार संहिता लाँघे के अछरशग लगावत नोटिस भेजले बावे जवना के जवाब ओकरा काल्हु साँझ ले मिल जाए के चाहीं. बतावल जात बा कि योगी पर लागल अछरंगन में मुरादाबाद का एगो मंदिर से माइक हटावे आ मस्जिद में लगावे के विरोध करे वालन के जेल भेजे पर एतराज जतावल, राम के बिना भारत के परिकल्पनो ना हो सकला के बात कहल, दंगा से हिन्दुअन के परेशान करे वालन के अंजाम भुगते के बात कहल, आ भगवान राम का नाम पर बीजेपी उम्मीदवार खातिर वोट मांगल शामिल बा.

केन्द्रीय कपडा राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) संतोष गंगवार मंगल का दिने लखनऊ में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव से मुलाकात क के वाराणसी में टेक्सटाइल्स पार्क खातिर जमीन उपलब्ध करावे के निहोरा कइलन.

कब्रिस्तान खातिर दिहल जात सरकारी धन पर विवाद बढ़ल त अब यूपी सरकार मसानो घाट खातिर सहायता देबे के योजना शुरू क दिहले बिया.

लखनऊ मे 13 सितंबर के होखे वाला उपचुनाव का चलते संजय गांधी स्नातकोत्तर आयुर्विज्ञान संस्थान ओह दिन बन्द रही.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up