टटका खबर : 11 सितंबर 2014

by | Sep 11, 2014 | 0 comments


टटका बिहार


पटना पुलिस कार्यालय में पेंशन प्रभारी के पद पर काम करत प्रशिक्षु अवर निरीक्षक दिनेश कुमार सिंह के बुध का दिने चार हजार रूपिया घूस लेत घरी गिरफ्तार कर लिहल गइल.

मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के कहना बा कि उनुका सरकार में कैबिनेट में शमिल होखे का बारे में फैसला राजद आ कांग्रेस के करे के बा. उ त एकरा ला तइयारे बाड़न.

दवा घोटाला का मामिला में नीतीश के दिहल क्लीनचिट पर सवाल उठावत भाजपा के कहना बा कि जवना घरी निविदा मँगावल रहे तब नीतीशे स्वास्थ्य मंत्री रहलें. एकरा बाद जब अक्टूबर 2013 में अधिवक्ता मो.शाहनवाज हुसैन दवा खरीद में घोटाला के सवाल उठवले तबो कवनो कार्रवाई ना भइल. एह समय नीतीश कुमार मुख्यमंत्री रहले. एह सब का बावजूद नीतीश के कइसे क्लीन चिट दे दिहल गइल बुझात नइखे.

रोहतास जिला के नोखा थाना के केकही गांव में परसो रात एगो घर में घुस के एगो औरत से कुकर्म कइल गइल.


टटका यूपी


रोक का बावजूद योगी आदित्यनाथ बुध का दिने लखनऊ में एगो चुनाव सभा में भाषन दिहलें. भाषण देत घरी मैदान मे पुलिस के दमदार मौजूदगी का बावजूद योगी के भाषण देबे से रोके के कोशिश ना भइल. एह घटना का बाद चुनाव आयोग लखनऊ के डीएम से जानकारी मँगवले बिया. योगी के कहना बा कि उनका के बेवजह परेशान कइल जा रहल बा.

उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाईक प्रदेश के अखिलेश यादव सरकार से पूछले बाड़न कि अल्पसंख्यक आयोग के अध्यक्ष के कवना बिना पर कैबिनेट के दर्जा दिहल जाव.

पिछला लोकसभा चुनाव का दौरान मुजफ्फरनगर के एगो चुनाव सभा में दिहल भाषण के भड़काउ बतावत यूपी पुलिस भाजपा अध्यक्ष अमित शाह का खिलाफ चार्ज शीट कोर्ट में दाखिल कइले बिया. तब अमित शाह कहले रहल कि ई चुनाव अइसन वइसन चुनाव ना ह. ई चुनाव अपना अपमान के बदला लेबे वाला चुनाव ह.

पिछला महीना सगरी देश के नजर बिहार के उपचुनाव पर रहल त एह महीना यूपी के उपचुनाव पर बा. एहिजा विधानसभा के 11 गो आ मैनपुरी लोकसभा सीट खातिर उप चुनाव होखे जात बा आ एक बेर फेरू भाजपा आ सपा आमने सामने बावे लोग. नरेन्द्र मोदी आ मुलायम सिंह यादव दुनू जने ला ई उपचुनाव बहुते अहम हो गइल बा. हार जीत से विधानसभा पर कवनो असर नइखे पड़े वाला बाकिर देश का राजनीति पर जरूर पड़ी.

इलाहाबाद उच्च न्यायालय वाराणसी के आध्यात्मिक आ पुरातात्विक महत्व के घाट आ ओकरा नियरा गंगा किनारेे 200 मीटर ले कवनो तरह के निर्माण पर लागल रोक का खिलाफ उत्तर प्रदेश सरकार के अर्जी पर काल्हु सुनवाई करी.

देवरिया जिला के रामपुर कारखाना इलाका में पुरान झगड़ा का चलते कुछ लोग एगो मेहरारू के छूरा मार के मुआ दिहल.

देवरिया जिला के सदर कोतवाली इलाका मे मंगल का रात बाप बेटा के मौत आग से जरला से हो गइल. मामिला में कुछ लोचा बूझात बा.

बसपा नेता आ विधायक रहल सुरेश तिवारी का खिलाफ एगो पत्रकार के धमकावे के मामिला दर्ज करे के आदेश गोरखपुर जोन के पुलिस महानिरीक्षक एस.के. माथुर दे दिहले.

आजमगढ के मुबारकपुर इलाका में एगो दलित युवती के बलात्कार का बाद ओकर हत्या के कोशिश करे के मामिला सामने आइल बा.

गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका में जमीन ले के भइल मारपीट आ फायरिंग से एक आदमी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.


टटका भारत


बाढ़ के पानी घटला से जम्मू कश्मीर में रहत आ बचाव के काम में तेजी आइल बा. अबले नाहियो त अस्सी हजार लोग के बाढ़ से निकाल के सुरक्षित जगहा चहुँपावल गइल बा. अनेके इलाकन में मोबाइल सेवा बहाल हो गइल बा. जम्‍मू पूंछ आ जम्‍मू डोडा सड़क के मरम्मत का बाद ट्रे्फिक खातिर खोल दिहल बा. कटरा ले रेलो सेवा शुरू हो गइल बा.

झारखंड मुक्ति मोर्चा छोड़ के भारतीय जनता पार्टी में शामिल होखे वाला विधायक साइमन मरांडी बुध का दिने विधानसभा के सदस्यता से इस्तीफा दे दिहले.

तमिलनाडु के एगो सत्र न्यायालय भारतीय जनता पार्टी के नेता सुब्रमण्यम स्वामी के मुख्यमंत्री जयललिता के मानहानि करे का आरोप का बारे में समन जारी क के 30 अक्टूबर के अदालत में हाजिर होखे के कहले बावे.

सारधा चिटफंट घोटाला में बुध का दिने तृणमूल के सासंद सृंजय बोस से सीबीआई कड़ा पूछताछ कइलसि. शक के सूई तृणमूल का तरफ बढ़ल जात बा.

केन्द् सरकार अगिला साल दिहल जाए वाला पद्म पुरस्कारन खातिर आम जनता से नाम प्रस्तावित करे के कहले बिया.


टटका बिजनेस


आर्थिक मामिला के मंत्रिमंडलीय समिति बिहार, उत्‍तर प्रदेश, छत्‍तीसगढ़ अउर उत्‍तराखंड में आधार कार्ड बनवावे के पाँचवा दौर के मंजूरी दे दिहले बिया. अगिला साल ले एक अरब आधार कार्ड बनावे के निशान तय भइल बा.

आर्थिक मामिला के मंत्रिमंडलीय समिति विनिवेश से 43 हजार करोड़ रूपिया जुटावे खातिर कोल इंडिया लिमिटेड, ओएनजीसी आ एनएचपीसी के सरकारी शेयर के कुछ हिस्सा बेचे के मंजूरी दिहलसि.

चीन से एकतरफा व्यापार का चलते होखत असंतुलन खतम करे ला भारत चीन से कही कि उ भारत में आपन मैनुफैक्चरिंग कारखाना लगावे.

बंबई शेयर बाजार के सेंसेक्‍स आजुओ गिर के बंद भइल. आजु के गिरावट एक दिने में 208 अंक के रहल जवन पिछला एक महीना के सबले तेज गिरावट रहल. रूपियो डालर के मुकाबले 35 पइसा कमजोर हो गइल.


टटका खेल


अखिल भारतीय टेनिस संघ लिएंडर पेस, सानिया मिर्जा, सोमदेव देववर्मन, अउर रोहन बोपन्ना के एशियाई खेल से हटे के इजाजत दे दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up