यूपी के सहारनपुर में स्थापित हिन्दुस्तान भर में मशहूर इस्लामिक संस्था दारुल उलूम देवबंद अब मुस्लिम धर्मगुरु जाकिर नाईक के तरफदारी करत सामने आइल बा. दारुल उलूम के पदाधिकारी आ उलेमा-ए-कराम के कहना बा कि बिना कवनो जाँच करवलहीं डॉ जाकिर के दोषी ठहरावल नाजायज बात बा. दारुल उलूम के कार्यवाहक मोहतमिम मौलाना खालिक मद्रासी अउर जमियत उलेमा-ए-हिंद के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना अरशद मदनी आजु सोमार का दिने एगो बयान जारी क के ई बात कहले बाड़ें.
एह लोग के कहना बा कि डॉ़ जाकिर इस्लामिक विद्वान हउवें आ अपना तरीका से कुरान के व्याख्या करेलन. बाकिर ऊ दहशतगर्दी के तरफदारी ना करसु. केंद्र सरकार आ कुछ संगठन जाकिर का खिलाफ कवनो जाँच होखे का पहिलहीं से हवा बनवले बाड़ें आ इस्लाम के बदनाम करत बाड़ें.