यूपी विधानसभा चुनाव के सतवाँ आ मणिपुर के दुसरका दौर के वोटिंग का बादो एक दिन ला रोक दीहल गइल एकंजिट पोल के प्रसारण बियफे साँझ के हर टीवी चैनल के खास प्रसारण रहल. एक्जिट पोल आखिर एक्जिटे पोल होला असल ना आ कई बेर एकरो बेनिशाना हो जाए के अनेसा हमेशा बनल रहेला. तबहियों सभकर धेयान खींचिये लेला अपना ओर. अबकी के एक्जिट पोल के लबातुबाब इहे रहल कि पंजाब में अकाली दल आ भाजपा के गठबन्हन सरकार सत्ता से बाहर हो जाई बाकिर अउरी चारो राज्यन में भाजपा के बढ़त बनल लउकत बा. यूपी आ गोवा में त्रिशंकु सरकार होखे के अनेसो जतवले कुछ पोल. एह सभका बाद अब धुकधुकी अउरी बढ़ गइल बा सगरी नेतवन के. अब असल इन्तजार अउरी बढ़ गइल बा 11 तारीख के होखे वाला वोटगिनाई के.
भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपरस्टार खेसारी लाल यादव अउर पवन सिंह के फिलिमन के टक्कर अबकी फगुआ का मौका प होखे वाला बा. खेसारीलाल यादव के फिलिम ‘आतंकवादी’ आ पवन सिंह के फिलिम ‘सत्या‘ काल्हु शुक 10 मार्च के रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. दूनू फिलिमन में पाकिस्तान के केंद्र में राखल गइल बा.
भारत-नेपाल सीमा से लागल बिहार के पश्चिम चंपारण जिला के भेरिहरवा बॉर्डर का नियरा बैशाखिया चौक का लगे से सशस्त्र सीमा बल के जवान दू गो तस्करन के गिरफ्तार क लीहले, एहनी का लगे से ढेरे इलाइची बरामद भइल बा.
गोरखपुर जिला के राजघाट इलाका में भइल सड़क हादसा में संतकबीर नगर जिला के बखिरा गाँव के एगो औरत के मौत हो गइल जबकि ओकर मरद आ बेटी घवाहिल गो गइली. दूनू घाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल ब.
सोनभद्र के घोरावल इलाका के धरसड़ा गांव में बँसवारी का नियरा साढ़े पाँच हाथ के मगरमच्छ देखते लोग में हड़कम्प मच गइल. लोग वन विभाग के खबर दीहल त ऊ लोग आ के मगरमच्छ के ले गइल.
जौनपुर जिला के बकसा इलाका में एगो ट्रक आ बस के टक्कर में बस प सवार कर्नाटक के पुलिस उपनिरीक्षक समेत दू जने के मौत हो गइल. ई लोग काल्हु राति चौकियां नई मंडी के वोटगिनाई ठाँव प ईवीएम जमा करवे के रोडवेज बस से अपना कैम्प लवटत रहल जब हरिबल्लभपुर गाँव का नियरा ट्रकवाला बस के साइड मार दिहलसि. खिसियाइल पुलिस जवान ओवर टेक क के ट्रक रोक लिहले. ड्राइवर से पूछताछ करे लागल लोग त ऊ अचके में ट्रक चला दिहलसि आ उप निरीक्षक समेत तीन जने के कचारत भाग निकलल.
सोनभद्र जिला के ओबरा इलाका में पोखरा में नहात घरी अम्बेडकरनगर जिला के जल्लापुर गाँव के एगो नवही डूब के मर गइल. बाद में आइल पुलिस बहुल मशक्कत से गोताखोरन से ओकर लाश निकलवावल.
बिहार विधान परिषद के शिक्षक आ स्नातक निर्वाचन क्षेत्रन के खाली पड़ल चार सीट ला वोटिंग आजु करा लीहल गइल. गया के शिक्षक अउर स्नातक, कोशी के शिक्षक, आ सारण के स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के विधानपार्षद ला वोटिंग करावल गइल.
सोनभद्र के घोरावल कोतवाली इलाका के ढेड़ी गांव में दू बरीस के एगो बच्ची के मौत पानी के ड्रम में गिरला से हो गइल. ओह बेरा घर के लोग बाहर निकलल रहे तालाब में लउकल मगरमच्छ देखे ला.