सरकार पेट्रोल पदार्थन के दाम बढ़वलसि
सरकारी कंपनियन के होखे वाला घाटा देखत आ धीरे धीरे पेट्रोल पदार्थन के दाम नियन्त्रण मुक्त करे खातिर सरकार आजु से पेट्रोल, डीजल, रसोई गैस के दाम बढ़ा दिहलस. आम आदमी का नाम पर चुनाव जीते वाली सरकार अउरी करिये का कर सकत रहुवे? मुरली देवड़ा अपील कइलही बाड़न कि राज्य सरकार आपन टैक्स घटा देस जेहसे आम आदमी के राहत मिलो. पेट्रोल का दाम में पौने चार रुपिया, डीजल का दाम में दू रुपिया, आ रसोई गैस के दाम में पैंतीस रुपिया के बढ़ोतरी कइल गइल बा. डीजल में किरासन तेल के मिलावट के बढ़ावा देबे खातिर ओकर दाम नइखे बढ़ावल गइल. सभे जानत बा कि बहुते पेट्रोल पम्प वाले डीजल में किरासन तेल मिलावेले.
पूर्व केन्द्रीय मंत्री दिग्विजय सिंह के निधन
बांका से निर्दलीय सांसद, केन्द्र में राजग सरकार में विदेश राज्य मंत्री आ रेल राज्यमंत्री रहल दिग्विजय सिंह के लन्दन का एगो अस्पताल में निधन हो गइल. ओहिजा ऊ राष्ट्रकुल खेल के तइयारी समिति का बईठका में शामिल होखे गइल रहले जहाँ उनका ब्रेन हेमोरेज हो गइल रहे. उनकर पत्नी आ बेटी साथे रहल लोग जे उनका शरीर ले के वापिस लवटी. दिग्विजय सिंह के जनम १९५५ में भइल रहे. पिछला दिने पटना का गाँधी मैदान में किसान महापंचायत का मीटिंग में ऊ आखिरी बेर भाषण दिहले रहन.
जसवन्त सिंह के भाजपा में वापिस ले लिहल गइल
काल्हु भाजपा अपना पार्टी से निकालल गइल नेता जसवन्त सिंह के वापिस ले लिहलसि. वापसी के पहल लालकृष्ण आडवाणी का तरफ से भइल रहुवे. गडकरी उनकर स्वागत करत कहले कि जवन बीत गइल तवना के भुला के अब मिलजुल के आगा बढ़ला के काम बा. भैरोसिंह शेखावत का निधन का बाद राजस्थान में एगो बड़हन राजपूत नेता के कमी बुझात रहे पार्टी के. अब शायद उमो भारती खातिर दरवाजा खुल जाई.
गरीब परिवार के छात्रन के पढ़ाई कातिर लिहल कर्जा पर सूद ना लागी
केन्द्र सरकार के मानव संसाधन विभाग का फैसला का बाद साढ़े चार लाख रुपिया तक के सालाना आमदनी वाला परिवार के विद्यार्थियन के पढ़ाई खातिर लिहल करजा पर कवनो सूद ना देबे के पड़ी. ई नियम पिछले साल से लागू मानल जाई आ जे लोग सूद दे दिहले बा ऊ ओकरा के वापिस ले सकेला. पढ़ाई पूरा होखला के एक साल बाद तक कवनो सूद ना देबे के पड़ी.
डा॰कर्ण सिंह के बीएचयू के चांसलर बनावल गइल
पूर्व केन्द्रीय मंत्री, काश्मीर के पूर्व महाराजा, आ भारतीय सांस्कृतिक संबंध परिषद के अध्यक्ष डा॰ कर्ण सिंह के तीसरका बेर बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के चांसलर बनावल गइल बा. एह बात के फैसला काल्हु विश्वविद्यालय के कोर्ट का बईठका में सर्वसम्मति से लिहल गइल.
गाजीपुर जेल में जहर हरियाणा से आइल रहुवे
गाजीपुर जेल में तीन गो कैदियन के जहत मिलल कोल्ड ड्रिंक पियला से भइल मौत का जाँच में संकेत मिलल बा कि ऊ जहर हरियाणा से आइल रहे जवना के बंदीरक्षकन से मिलीभगत कर के कवनो मुलाकाती भीतर चहुँपवले रहुवे. बाद में धोखा से ओह बन्दियन के पिया दिहल गइल. ओने मानवाधिकार आयोग पुछले बा कि जेल में कोल्ड ड्रिंक कइसे परोसल गइल?
स्मृति इरानी के भाजपा के महिला मोर्चा के अध्यक्षा बनावल गइल
टीवी के मशहूर अभिनेत्री स्मृति इरानी के भाजपा अपना महिला मोर्चा के अध्यक्ष बनवले बिया आ गडकरी उमेद जतवले बाड़न कि स्मृति का नेतृत्व में महिला मोर्चा कम से कम दस हजार नया महिला कार्यकर्ता बनाई आ भाजपा के वोट में कम से कम दस फीसदी के बढ़ोतरी करा दी. पिछला लोकसभा चुनाव में स्मृति कपिल सिब्बल से हार गइल रही.
अमेरिका के अलगोरे पर यौन उत्पीड़न के आरोप
अमेरिका के पूर्व उपराष्ट्रपति रहल अल गोरे पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ अपना कार्यकाल में अक्टूबर २००६ में एगो होटल में एगो महिला से अवांछित यौन संबंध बनवले रहले.मामिला के जांच करे के बात कहल गइल बा बाकिर आरोप लगावे वाली महिला कवनो सुबूत नइखी दिहले एहसे मुकदमा दर्ज नइखे भइल.
काल्हु का बरखा का बाद कुछ राहत मिलल
काल्हु बलिया में भइल बरखा का बाद मौसम का गरमी से तनी आराम मिलल बाकिर सीवर का काम चलला का चलते सड़क पर निकलल मुश्किल हो गइल. दिल्ली आ मुंबईओ में बरखा के खबर बा जवना से चारो तरफ गरमी का पारा में गिरावट देखे के मिलल बा.
खेल का दुनिया से
एशिया कप क्रिकेट का फाइनल में श्रीलंका के ८१ रन से हरा के भारत पन्द्र साल बाद फेर एशिया चैम्पियन के खिताब जीत लिहलसि. क्वींस बैटन बारत चहुँप गइल. आ फीफा वर्ल्ड कप में स्लोवाकिया से हार के इटली टूर्नामेंट से बाहर हो गइल. पारागुवे न्यूजीलैण्ड के मैच बिना गोल के बराबर रहल बाकिर पारागु्वे अगिला दौर में चहुँप गइल. जापान डेनमार्क के तीन एक से हरा दिहलस आ अगिला दौर में चल गइल. नीदरलैण्ड कैमरुन के दू एक से हरा दिहलस. आजु पुर्तगाल के ब्राजील से, नार्थ कोरिया के आइवरी कोस्ट से, चिली के स्पेन से, आ स्विट्जरलैण्ड के होन्डूरास से मैच होखे वाला बा.
789 total views, 5 views today