विपक्ष के हो हल्ला जूती का नोक पर
नोट के माला पहिरला पर विपक्ष के हो हल्ला के अपना जूती का नोक पर राखत मायावती काल्हु फेर अठारह लाख रुपिया के नोटन से बनल माला पहिरली आ बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्या कहलन कि अबसे मायावती के हमेशा नोटे के माला पहिरावल जाई. कांग्रेस का तरफ से कहल जा रहल बा कि मायावती दलित के बेटी ना दौलत के बेटी हई
एनडी तिवारी पर नाजायज बाप होखे के मुकदमा
पूर्व रक्षा राज्यमंत्री प्रोफेसर शेर सिंह के नाती रोहित शेखर के आरोप बा कि नारायण दत्त तिवारी उनकर नाजायज बाप हउवन आ एकर जाँच होखे के चाहीं.. नारायण दत्त तिवारी के मर्दानगी के चर्चा हमेशा होत आइल बा. पिछला दिने नब्बे साल का उमिर में तीन ग मेहरारुवन का साथ खेल करत पकड़इला का बाद उनका राज्यपाल पद से इस्तीफा दे देबे के पड़ल रहे. रोहित शेखर के मुकदमा का मामिला में उनकर वकील कहलें कि ई सब तिवारी के बदनाम करे के चाल बा. बाकिर कोर्ट उनकर दलील ना मनलसि आ मुकदमा के सुनवाई खातिर सकार लिहलसि.