सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज अभिनेता हैदर काजमी 15 नवम्बर का दिने पटना में एगो मजगर पार्टी दिहलन जवना में खास लोग आ पत्रकार शामिल भइलें. हैदर काजमी के ई जनमदिन के पार्टी रहल बाकिर पहिले से केहू के बतावल ना गइल रहे.
पटना के एगो शानदार होटल में पार्टी दिहल रहे. आ पार्टी में चहुँपला का बादे लोग के पता चलल कि ई हैदर के जनम दिन के पार्टी ह. पार्टी मना के अगिला दिने हैदर मुंबई लवटि अइलें. एह तरह हैदर देखा दिहलन कि अपना दोस्त आ प्रशंसकन ला हैदर कइसन रंगबाजी देखा सकेलें. ई देख सबे कहत बा कि जवाब नइखे हैदर काजमी के.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)
0 Comments