भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद अभिनीत फिल्म ‘पागल प्रेमी’ के सफलता का बाद उनुका में निर्माता निर्देशकन क भरोसा अउरी बढ़ गइल बा. पिछला दिने निर्देशक मनोज गिरि विनय आनंद के अपना फिल्म ‘लक्ष्मण रेखा’ ला साईन कइलन. एहसे पहिले मनोज गिरि उनुका साथे ‘प्यार हो गईल त हो गईल’ आ ‘चंदा’ के निर्देशन कइले रहलें. विजय सिंह आ लक्ष्मण गुप्ता के निर्माण लक्ष्मण रेखा के शूटिग बनारस में होत बा. एहमें विनय आनंद, गुंजन पंत आ अर्चना सिंह क खास भूमिका बा.

विनय आनंद निर्देशक शादो कुमार के अगिला फिलिम ‘भईल तोहरा से प्यार आई लव यू’ साईन कइले बाड़न. अकर निर्माता हउवें धर्मेन्द्र मौर्या.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

 327 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: