बहुमुखी प्रतिभा के धनी चुन्नू सिगापुरी उत्तर प्रदेश के देवरिया के हउवें. सिंगापुर में पलल-बढल चुन्नू बीसन भाषा जानेलें. जबे कबो मौका मिलेला त गाँव के रस्मो-रिवाज़ जाने समुझले ला भोजपुरिया माटी का गोदी में आवत रहेलें. एही चलते चुन्नू भोजपुरी समाज के हर परम्परा आत्मसात कइले बाड़ें. सिंगापुर के राधाकृष्ण मंदिर में हर अतवार के भोजपुरी समाज क बीचे अपना मण्डली संगे भोजपुरी के पारंपरिक गीत नृत्य परोसत रहेलें जवना में ‘अहिरउआ, कोहरउआ, धोबियऊ, गोडऊ, अउर पसियउआ’ नाचन के खास प्रस्तुतिकरण कइल करेलें.
हाल ही में मुंबई के M4U स्टूडियो में ‘चुन्नू सिंगापुरी प्रोडक्शन हाउस’ के बैनर तले एके साथ पाँच गो फिलिमन के भव्य मुहूर्त कइल गइल. एह फिलिमन, विदेशी बाबू के देसी ठुमका, जियत रहनी तोहरे खातिर, टपोरी चुन्नू पांडे, लागल रहा ए मामाजी, आ कुलटा, के नायक चुन्नू सिंगापुरी रहीहें. उनुकर नायिका रहीहें राखी त्रिपाठी, नेहा श्री सिंह, भाविका देसाई, प्रेरणा सुषमा, पूजा सिंह, लवी श्रीवास्तव, अनामिका सिंह वगैरह. या करते हैं. एह पाँच फिलिमन में खास होखी श्यामचरण यादव निर्देशित फिल्म ‘विदेशी बाबू के देसी ठुमका’ जवना में सगरी भोजपुरी नृत्य शैलियन के बेहतरीन तरीका से पेश कइल जाई.
हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी.
अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर
आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN
अँजोरिया के भामाशाह
अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे - anjoria@uboi
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय anjoria@outlook.com पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.
(1)
18 जून 2023 गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(3)
24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023 फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023 पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(5)
5 अगस्त 2023 रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया
सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में।
बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में।
घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया,
चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में।
- संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से
0 Comments