आजु अगर असल बिहारी भा खाँटी भोजपुरिया के जिक्र होखे त पहिला नाम आवेला मनोज तिवारी मृदुल के. मनोज तिवारी अब आवेवाली फिल्म परमबीर परशुराम में भगवान् परशूराम के गेटअप में लउकीहें.

एह फिलिम में मनोज तिवारी के दू गो किरदार बा. साथी कलाकारन में पाखी हेगड़े, अली खान आ अनिल यादव के नाम खास बा. काजल फिल्म के बैनर में एकर निर्माता हउवव अनिरुद्ध बिश्वकर्मा आ निर्देशक अउर छायांकन करेवाला हउवन एस.कुमार. लेखक बिजय पंडित अउर उमेश उपाध्याय हउवें.

फिल्म के निर्माता,निर्देशक आ मनोज तिवारी के कहना बा कि ई फिलिम सदी के महानतम भोजपुरी फिलिम होखी.


(अपना न्यूज)

Loading

By Editor

One thought on “मनोज तिवारी बनलन परशुराम”

Comments are closed.

%d bloggers like this: