रमाकांत प्रसाद के ‘हिम्मतवाला’ के पहिला लुक जारी भइल

by | Sep 14, 2012 | 0 comments

जानल मानल भोजपुरी फिल्म निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के नइकी फिलिम ‘हिम्मतवाला’ के पहिला लुक पिछला दिने मुंबई में जारी भइल जवना में फिलिम के नायक विराज भट्ट त्रिशूल लिहले एक्शन करत नजर आवत बाड़ें. एह लुक से लागऽता कि फिलिम एक्शन प्रधान बावे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

रमाकांत प्रसाद आ विराज भट्ट के एक्शन भरल ‘हिम्मतवाला’जानल मानल निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद आ भोजपुरी एक्शन किंग विराज भट्ट के जलवा एक बेर फेर देखे के मिली ‘हिम्मतवाला’ में. जबरदस्त एक्शन आ रोमांटिक गीतन से भरल एह फिल्म के निर्माण आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज करत बाड़ें. गीत लिखले बाड़ें प्यारेलाल यादव आ राकेश मिश्रा. सह-निर्माता हउवें शिव पांडे. संगीत खुद रमाकांत प्रसाद दिहले बाड़ें. कैमरा संचालन शैमद चक्रवर्ती के आ संपादन दीपक जॉव के हवे. कथा, पटकथा, संवाद लिखलें तेजेस अखौरी आ नृत्य निर्देशन कइलें ज्ञान सिंह, मारधाड़ निर्देशन हीरा यादव आ कला निर्देशन सतीश दिनेश.
एह भोजपुरी फिल्म ‘हिम्मतवाला’ में एक्शन किंग विराज भट्ट, तनु चटर्जी, सुप्रेरणा सिंह, प्रिया शर्मा, अनिल यादव, वंदिनी मिश्रा, पुष्पा वर्मा, सीमा सिंह, प्रनाली, देव सिंह, विनोद मिश्रा, सिद्धार्थ अउर मुकेश राज के खासमखास भूमिका बा. अपना एह फिलिम से रमाकांत प्रसाद बहुते उत्साह में बाड़ें आ उनकर कहना बा कि एह मसालेदार फिलिम से सिनेमा भोजपुरी के एगो नया दिशा मिली. एह फिलिम में काम कर के नायक विराज भट्ट अपना के खुशनसीब बतवले बाड़ें.

उमेद बा कि दर्शकन के नब्ज पर हाथ धइले राखे वाला रमाकांत प्रसाद के इहो फिलिम उनकर काबिलियत देखा दी.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)
(27 Aug)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up