भोजपुरी के स्टार एक्ट्रेस लवी रोहतगी अब भोजपुरी के नवोदित नायक योगेन्द्र तिवारी का साथ नैना लड़ावत नजर अइहें राहुल राय प्रोडक्शन आ तिवारी ब्रदर्स प्रस्तुति ‘‘ऐलान’’ में. निर्देशक धीरज कुमार के एह फिल्म में योगेन्द्र तिवारी आ लवी का ऊपर एक से बढ़के एक गाना फिल्मावल गइल बा. योगेन्द्र तिवारी कई गो टी. वी. सीरियल्स आ अलबम में प्रमुख भूमिका निभा चुकल बाड़न आ ई उनुकर पहिला फिलिम होई.

‘‘ऐलान’’ में मेगास्टार मनोज तिवारी, ‘‘आशिकी’’ फेम राहुल राय, मोनिका बत्रा, रोहित सिंह, ‘‘मटरू’, आलोक यादव आ विष्णु शंकर ‘बेलू’ वगैरह के खास भूमिका बा.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: