लोकप्रिय हिन्दी दैनिक “हिन्दुस्तान” के बिहार में करावल सर्वे का बाद पता चलल बा कि बिहार में लोकप्रियता का मामिला में नीतीश कुमार पहिला नम्बर पर आ भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी दोसरा जगहा पर बाड़े. ई सर्वे दैनिक ‘हिन्दुस्तान’ फेसबुक पर अपना फॉलोवरन का बीचे करवले रहे. सर्वे के रिपोर्ट ‘हिंदुस्तान’ के 27 जून वाला पटना संस्करण में प्रकाशित कइल गइल बा. मजे के बात बा कि एह सर्वे में लालू प्रसाद यादव के तिसरा जगहा पर राखल गइल बा.
अपना पारिवारिक जीवन में पत्नी के तलाक मांग लिहला से भयानक निराशा में डूबल मनोज तिवारी के एह खबर से तनी राहत मिल सकेला. एह लोकप्रियता पर खुद मनोजो तिवारी नीतीश कुमार के तारीफ करेले आ कहेले कि नीतीश कुमार में प्रधानमंत्री बने के सगरी गुण मौजूद ना आ मनोज तिवारी चहीहें कि नीतीश कुमार देश के प्रधानमंत्री बनसु.
गौरतलब बा कि पिछला दिने एगो पाकिस्तानी वेबसाइट मनोज तिवारी के पाकिस्तानो में लोकप्रिय बतवले रहुवे. हालही में एगो अवार्ड समारोह में मनोज तिवारी के दशक के सबले बड़ सितारा के सम्मान दिहल गइल रहे.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Advertisements

1 Comment

  1. KOI KUCH V KRWA DE MERA PAWAN SINGH JI KISI SE KM NAI HAI KYA MANOJ KYA NITISH WAISE V MANOJ JI KVI STAR THE PAR AB NAI AB SIRF OR SIRF PAWAN SINGH JI JIYO HILLA DA AE HMAAR SONA BHOJPUR K RAJA TU AISH HE TPO BAADA HO TOHAAR KAWAUNO JODA BA BHAIYA …. KCHO HOKHE TU TOP PA BAADA HO … KWAAR DA ,………….

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.