भोजपुरी सिनेमा के नयकी सनसनी शुभी शर्मा आजुकाल्हु निर्माता निर्देशकन के पसन्द बनल जात बाड़ी. “चलनी के चालल दुलहा” से भोजपुरी सिनेमा का परदा पर इंट्री मारे वाली शूभी शर्मा के काम “दुश्मनी” में सभका नीक लागल बा. राजकुमार आर पाण्डेय के निर्देशन में बनल एह फिल्म के निर्माण दुर्गा प्रसाद के कइल ह. बिहार में फिल्म के डंका बाजत बा. एकरा अलावे शुभी निरहुआ इन्टरटेनमेंट के “औलाद” में, स्वरूप फिल्म्स के “संतान” में, स्वनदीप के “राजा के रानी से प्यार हो गइल” में आ अउरियो बहुते सगरी फिल्मन में काम कर रहल बाड़ी. संतान में शूभी के नायक रविकिशन हउवन.
(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)
218 total views, 2 views today