सिनेमा भोजपुरी में एह घरी हॉट गर्ल मोनालिसा के जलवा जारी बा. ‘‘कहाँ जइबा राजा नजरिया लड़ाईके’’, ‘देवरा बड़ा सतावेला’, ‘सात सहेलियाँ’, ‘हो गईनी दीवाना तोहरे प्यार में’, ‘सईयां के साथ मड़ईया में’ जइसन ब्लॉकबास्टर फिलिम दे चुकल मोनालिसा आजु भोजपुरी के सगरी नायक, निर्माता आ निर्देशकन के पहिला पसंद बन गइल बाड़ी.

भोजपुरी में पचासन फिलिम कर चुकल मोनालिसा निर्देशक अजीत श्रीवास्तव के फिल्म ‘‘इश्क का मंजन घिसे है पिया’’ अउर बाली निर्देर्शित मनोज चौधरी निर्मित ‘‘इज्जत’’ में निरहुआ संगे नजर अइहें त चर्चित निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय के ‘नागिन’ में मोनालिसा नया-नवेला सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के नायिका बनल बाड़ी. सुपरस्टार पवन सिंह संगे मोनालिसा के ‘डकैत’ बॉक्स ऑफिस पर बड़ह हिट साबित भइल त पवन सिह संगे उनकर एगो अउर फिलिम निर्माता मनोज चौधरी के ‘जान लेबू का’ होखी. मोनालिसा आ पवन के ‘गंगापुत्र’ अउर ‘रंग द प्यार के रंग में’ फिलिमो रिलीज ला तइयार बा.

एकरे अलावे मोनालिसा के ‘दबंग मोर बालमा’, ‘सईयां भईलन परदेसिया’, ‘लागल बा प्यार के बुखार’ समेत आधा दर्जन फिलिम धमाल मचावे ला तइयार बाड़ी सँ. अपना सफलता से खुश मोनालिसा चाहेली कि हमेशा अपना दर्शकन के मनोरंजन करत रहसु.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: