सिनेमा भोजपुरी के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार के हालिया प्रदर्शित फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ पूरा बिहार, मुंबई, झारखंड आ यू.पी. में रिकार्ड व्यवसाय करत बिया. सिनेमा भोजपुरी के तीन गो बड़का सुपरस्टार मनोज तिवारी, रवि किशन आ दिनेश लाल यादव के शानदार अभिनय से सजल ई फिलिम शुरुआती तीन हफ्ता में एक करोड़ पच्चीस लाख से अधिका के नेट व्यवसाय कइले बिया. वाराणसी के आनंद मंदिर में ई फिलिम एक हफ्ता में 2,67,000/- रूपिया बिटोरलसि जवन एह थिएटर में कवनो भोजपुरी फिलिम के सबले बड़का क्लेक्शन ह. एकरा अलावे घोड़ासहन, मोतिहारी, सुगौली, समेत दर्जन भर सेंटरो पर एकर व्यवसाय रिकार्श रहल बा.
एह फिलिम का साथही रिलीज भइल खई गो फिलिम मुँहकुरिए भहरा गइली सँ. हिन्दी के “हिम्मतवाला” फिलिमो कवनो कमाल ना कर पवलसि एकरा आगे.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments