कसम दुर्गा मईया के रिलीज होखे जा रहल बा

by | Mar 12, 2011 | 0 comments


जीवदानी सिनेविजन के बैनर में बी॰वी॰गवाड के बनावल आ दुर्गा मईया के भक्ति पर आधारित कहानी वाली भोजपुरी फिल्म “कसम दुर्गा मईया के” अब रिलीज खातिर तइयार बा. फिल्म के नायिका राधा बियाह के तीन साल बादो महतारी बने खातिर तरसत बाड़ी. डाक्टर कह देता कि ऊ कबहियो महतारी नइखी बन सकत. एह दुख से टूटल राधा मन्नत मानत बाड़ी कि अगर ओकर गोदी भड़ गइल त ऊ दु्गा माई के मन्दिर बनवाई. माँ के कृपा से राधा महतारी बन जात बाड़ी. ओकरा बाद मंदिर के बनावे के काम शुरु होखत बा बाकिर जवना जमीन पर मंदिर बने जा रहल बा तवना पर एगो उद्योगपति नजर गड़वले बा. अइसनका में का मंदिर बन पावत बा एकर जवाब फिल्म देखले पर मिली. फिल्म के कलाकारन में नरेश कनोडिया, हितू कनोडिया, पूर्वी जानी, श्रीकांत सोनी, विशाल पुवार, जीतू पाण्ड्या, मीनाक्षी, शरद शर्मा, वीर महेन्द्र आ खलनायक का भूमिका में बलराम बाड़े. संगीत इकबाल दरबार, सिराज मेनन, आलमगीर खान आ अमन श्लोक के बा. गीत अरविन्द तिवारी आ अशोक सिन्हा के, कथा पटकथा राजन प्रभू आ जय पंड्या के, संवाद मंगल बिहारी के लिखल बा. नृत्य निर्देशक निक्की बत्रा, एक्शनमास्टर मसूद पटेल, कैमरामैन सी॰ जगन आ सह निर्माता स्वप्निल गवाड़ हउवें. फिल्म एही महीना रिलीज हो रहल बा. मुंबई में एह फिल्म के वितरक दिलसा डिस्ट्रीब्यूटर बाड़े.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up