दुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन के पहिला फिल्म के मुहूर्त

by | Oct 28, 2011 | 0 comments

पिछला दिने दुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन के पहिला फिल्म, जवना के अबहीं नाम नइखे रखाइल, के भव्य मुहूर्त शीशा रेस्टोरेंट, अंधेरी (प.), मुंबई में भोजपुरी सिनेमा जगत के गणमान्य हस्तियन का मौजूदगी में करावल गइल. निर्माता दुर्गा प्रसाद वर्मा के एह फिल्म के निर्देशक अवधेश यादव, लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, गीतकार बिपिन बहार आ श्याम देहाती, अउर संगीतकार लाल सिन्हा हउवें. कलाकारन के चयन अबही बाकी बा.

एह फिल्म में मयभा महतारी आ ओकर आपन बेटा आ सौतेला बेटा के बीच के रिश्ता के भावनात्मक चित्रण होई. फिल्म के मुहूर्त पर अभय सिन्हा, जगदीश शर्मा, हैरी फर्नांडीस, राजदीप सैनी, संजय पांडेय, दीपक भाटिया, रवि सिन्हा, राजेश (रजनीश), फहीम खान, रवि उज्जैन अउर राजू वगैरह गणमान्य लोग मौजूद रहे. मिर्जा अज़हर बेग एह मौका के खास मेहमान रहलें.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up