सिनेमा भोजपुरी के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ सुपरहिट निर्देशक असलम शेख का साथे अब ‘रखवाला’ फिल्म ले के अइहें. एह फिल्म के शूटिंग पिछला दिने उत्तर प्रदेश के जौनपुर में शुरू हो गइल बा.

फिल्म में निरहुआ के नायिका बाड़ी रिंकू घोष. असलम शेख प्रोडक्शन्स का बैनर तले एह फिल्म के निर्माण इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रितू शर्मा करत बाड़े. असलम शेख निर्देशक आ निरहुआ अभिनेता के जोड़ी एहसे पहिले ‘परिवार’ आ ‘औलाद जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

 316 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: