पहिला बेर होखे जा रहल बा भोजपुरी फिलिम के प्रीमियर जहानाबाद में

by | Jul 20, 2011 | 0 comments

‘रंगबाज’ हैदर काजमी के रंगबाजी के जबाब नइखे. इनकर पहिलका भोजपुरी फिल्म रंगबाज के प्रीमियर मुंबई आ पटना का साथे-साथ नक्सल प्रभावित जहानोबाद में करवावल जाई जवना में भोजपुरी वर्ल्ड के तमाम बड़का सिनेमाई अउर राजनैतिक हस्ती शिरकत करीहे.

29 जुलाई के मुंबई अउर बिहार के एक सौ से बेसी सिनेमाघरन में रंगबाज के रिलीज कइल जाई. रंगबाज के प्रीमियर जहानाबाद में करवावे के सवाल पर हैदर काजमी के कहना बा कि ऊ खुदे जहानाबाद के हउवन आ चाहत बाड़न कि लोगन का नजर में जहानाबाद के तस्वीर बदले. जे लोग जहानाबाद के नामो से डेरात रहे ऊ सोचे आ एहिजा आ के देखे कि जहानाबाद वाकई में कतना खूबसूरत बा.

हाल का दिनन में भोजपुरी फिल्मन में सबले बेसी चरचा में आइल ‘रंगबाज’ के गाना ‘लच लचके तोहरी कमरिया, जोबना मारे उफान…’ पहिलही से बिहार में सुपर डुपर हिट हो चुकल बा. शिवराम यादव निर्देशित एह फिल्म के नायक हउवे ठेठ अंदाज के रंगबाज हैदर काजमी आ नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. फिल्म में कुल नौ गो गीत बा जवना में सीमा सिंह आ तसलीमा शेख पर फिल्मावल दू गो आयटम नंबरो शामिल बा. फिल्म के मुख्य कलाकार बाड़े -हैदर काजमी, रानी चटर्जी, सीमा सिंह, तस्नीमा शेख, माया यादव, बिपिन सिंह, सी.पी. भट्ट, नीलिमा सिंह, उमा शंकर मिश्रा, अमित मिश्रा, सोनिया मिश्रा, सुप्रिया गोयल, मास्टर समद, सैयद गुलरोज, बाल गोविंद, राम मिश्रा, फूल सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, अनिल यादव आ विजयलाल यादव.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up