"प्यार कवनो खेल ना ह" में फेर से खेसारी लाल यादव आ नेहाश्री सिंह एक संगे

by | Jul 13, 2013 | 0 comments

Khesari-NehaShreeभोजपुरी के अनेके हिट एल्बम दे चुकल निर्माता निदर्शक राकेश कुमार के कंपनी राकेश सिने मिडिया प्रा. लि. के फिलिम “प्यार कवनो खेल ना ह” में खेसारी लाल यादव आ नेहाश्री सिंह एक संगे नजर अइहें. एह फिलिम का जरिए लाडो मधेसिया के रुपहला परद पर लांच कइल जात बा. लाडो मधेसिया भोजपुरी लोक गायक का रूप में चर्चित बाड़ें.

याद करीं कि निर्माता अलोक कुमार के सुपर सुपर हिट फिलिम “साजन चले ससुराल” से नेहाश्री सिंह अपना फिलिमी सफर के शुरूआत कइले रही आ नायक रहलन खेसारी लाल यादव. किस्मत दुनु के साथ दिहले रहे आ दुनु जने अपना पहिलके फिलिम से सुपर स्टार बन गइले. “प्यार कवनो खेल ना ह” के शूटिंग बिहार के छपरा, सिवान, गोपालगंज का अलावे पुरी, दिल्ली आ नैनीताल के खुबसूरत लोकेशन पर भइल बा. एहमें रोमांस आ एक्शन भरपूर बा. गाना नौ गो बाड़ी स जवना के गवले बाड़न खेसारी लाल यादव, विनोद राठोर, इंदु सोनाली, खुशबू जैन अउर आलोक कुमार. गीतकार हउवें महेश परदेशी, कृष्ण बेददी, आ श्याम देहाती. संगीत दिहल ह एम. एम बदर के. छायांकन बिरजू चौधरी, डांस विशाल, फ़ाइट पपू कराटे, आ मेकअप धर्मवीर के बा. मुख्य कलाकार बाड़ें खेसारी लाल यादव, नेहाश्री, लाडो मधेसिया, सी.पी. भट्ट, अरुण कुमार, अनीता सिंह, मो. आरिफ, सिराज भगत अउर उमेश सिंह.


(भोजवुड न्यूज)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up