भोजपुरी के क्वीन गायिका कल्पना मराठी पुरस्कार खातिर नामित

by | Oct 14, 2010 | 0 comments

आसामी मूल के बाकिर भोजपुरी के लोक गायिका भोजपुरी क्विन कल्पना के एगो मराठी फिल्म में गावल गीत खातिर जी टाकीज चैनल का तरफ से “महाराष्ट्र चा फेवरिट कौन” पीपुल्स च्वायस अवार्ड २०१० खातिर नामित कइल गइल बा. भोजपुरी गायकी खातिर जानल मानल नाम कल्पना के मराठी सम्मान खातिर नामित कइला पर भोजपुरी आ हिन्दी फिल्म जगत आ संगीत जगत में खुशी के माहौल बा.

दलेर मेंहदी आ अक्षय कुमार का साथे फिल्म “खट्टा मीठा” में “आईला रे आईला” गा के खूब चर्चा बिटोरे वाली कल्पना के प्रियदर्शन के फिल्म “आक्रोश” खातिर गावल गीत “तेरे इश्क से मीठा कुछ भी नहीं” आजुकाल्हु लोकप्रियता के शिखर पर चलत बा. एकर संगीत प्रीतम के दिहल बा.

कल्पना कहेली कि प्रीतम उनका के शाहरुख खान के “बिल्लू बारबर” में “बिल्लू मयंकर” आ अक्षय कुमार के फिल्म “दे दना दन” में “हॉटी नॉटी” गवइले रहले जवन सुपर डुपर हिट भइल रहे. फेर “आइला रे आइला” ओतने हिट भइल. कल्पना के प्रीतम दादा के संगीत के भरपूर प्रशंसा करेली. आजुकाल्हु कल्पना एगो अंतर्राष्ट्रीय अलबम का तइयारी में लागल बाड़ी. साथ ही साथ महुआ टीवी चैनल पर आ रहल “सुर संग्राम‍ २” में कल्पना जज के जिम्मेदारी सम्हरले बाड़ी.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up