भोजपुरी के तीनो महारथी साथ साथ

by | Apr 2, 2010 | 0 comments

भोजपुरी फिल्म जगत के एह दशक में अगर सुपर स्टार के बात कइल जाय त तीन गो नाम सबले ऊपर आवेला  रविकिशन, मनोज तिवारी मृदुल, आ  दिनेश लाल यादव निरहुआ के. बाकिर तीनो सुपर स्टार के एक साथ परदे पर आवे के संजोग ना बनत रहे. ईटीवी के बनारस में आयोजित  फिल्म पुरस्कार समारोह २००८  में जब समारोह के मंच से भोजपुरी के प्रसिद्द निर्माता अलोक कुमार एह तीनो सुपर स्टार के एक साथ लेके फिल्म बनावे के  घोषणा कइलन त ताली त भरपूर बाजल बाकिर भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल लोग एह बात के कवनो खास तबज्जो ना दिहल. काहे कि एकरा कातिर कई लोग असफल प्रयास कर चुकल रहे.
बाकिर आलोक कुमार अपना लगातार प्रयास आ तीनो के साथ साथ ले आवे का जिद्द से आखिरकार सफलता हासिल करिये लिहलन.  पहिले ऊ गंगा जमुना सरस्वती के  मुहूर्त कइलन आ  पिछले दिने तीनो सुपर स्टार रवि किशन , मनोज तिवारी मृदुल, आ निरहुआ से साथे साथ शूटिंगो करवलन.
भोजपुरी फिल्म जगत के एह एतिहासिक पल के गवाह बनले खुद निर्माता अलोक कुमार , फिल्म के प्रस्तुतकर्ता यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा, निर्देशक हैरी फर्नांडिस आ संयोगिता फिल्म्स के सगरी तकनीशियन.
गंगा जमना सरस्वती में तीनो सुपर स्टार्स क अलावा रिंकू घोष, पाखी हेगड़े, मोनिका बत्रा , अनूप अरोरा, अवधेश मिश्र, मुश्ताक खान, शक्ति सिन्हा, धामा वर्मा, दिलीप सिन्हा आ टीनू वर्मा मुख्य भूमिका में बावे लोग. फिल्म के गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, संगीतकार राजेश रजनीश, कैमरामैन अकरम खान, संपादक जीतेन्द्र सिंह जीतू, कार्यकारी निर्माता ब्रजेश विकास हउवें. निर्माता आलोक कुमार बतवलें कि गंगा का भूमिका में मनोज तिवारी, जमुना का भूमिका में रविकिशन, आ सरस्वती का भूमिका में निरहुआ के लिहल गइल बा.
(स्रोत : उदय भगत आ प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up