गोरखपुर शहर के स्टेशन रोड पर एगो होटल में ठहरल भोजपुरी कामेडियन सीपी भट्ट के मारपीटाई कर के दू गो लइका आ दू गो लइकी उनका से मारपीट कर के दस हजार रुपया नकद आ तीन गो मोबाइल फोन लूट ले गइलें. सहजनवां थाना के पुंडा निवासी सीपी भट्ट गोरखपुर में अपना फिलिम “गर्दा” के शूटिंग में आइल बाड़ें. तीन दिन से ऊ लइका आ लइकी सब कवनो फिलिम ला उनका से बतियावे के समय माँगत रहले. बियफे का दिने अपना होटल के कमरा में भेंट करे के समय दिहले रहले सीपी भट्ट. भितरी आवते एगो लइकी अपना से छेड़छाड़ के अछरंग लगावत चिचियाए लागल जवना का बाद बाकी लोग भीतर घुस आइल आ मारपीट करे लाल. सीपी भट्ट केहू तरे जान बचा के बाहर भगलन त ऊ लोग उनकर पर्स ४ मोबाइल लेत गइल. पर्स में दस हजार रुपिया आ एटीएम कार्ड रहल.
0 Comments