भोजपुरी बोली, स्टाइल मुंबईया, नाम याद रखीहऽ मुन्ना भईया

by | May 26, 2010 | 1 comment

ई डायलगे बतला देत बा कि भोजपुरी सिनेमा का परदा पर बवाल होखे जा रहल बा. भोजपुरी फिल्म हम हईं मुन्ना भईया, जवना के ई डायलाग हऽ, के निर्देशन जानल मानल निर्देशक इकबाल बख्श कइले बाड़े आ निर्माता संजय निषाद आ गौतम निषाद हवे लोग जे शान परफारमिंग ग्रूप के निषाद इन्टरटेनमेंट का बैनर में एकरा के बनवले बाड़न. एह फिल्म में बिहार आ पूर्वांचल के माफिया राज के कच्चा चिट्ठा खोलल जाई. बतावे वाला त इहे कहत बाड़न कि ई फिल्म गंगाजल आ अपहरण जइसन फिल्मन के भोजपुरिया वरजन ह.

Susheel Singh in Hum Hain Munna Bhai

निर्देशक के दावा बा कि भोजपुरी में अइसन फिल्म आजु ले नइखे बनल. एहमें हाई वोल्टेज एक्शन सीन बा, रोमांस बा, आ कामेडी बा, साथही बावे एगो नया कहानी जवन लोग के मजबूर कर दीहि फिल्म देखे खातिर. फिल्म के प्रस्तुति नागेश मिश्रा कइले बाड़े. मुख्य भूमिका करत सुशील सिंह के एक्शन, कामेडी पंच, डांस, आ इमोशन सीन सब कुछ लाजवाब बा. नायिका बाड़ी अनारा गुप्ता. फिल्म के बाकी कलाकारन में सोम यादव, एयाज खान, गोपाल राय, अवधेश मिश्रा, रणधीर सिंह, प्रकाश जैस, इरशाद खान, ललन सिंह आ सिकन्दर खान के नाम बा. गीतकार हउवें भृरुग वृंदा आ सुजीत चौबे, संगीतकार सागर सेन आ सुजीत चौबे, सह निर्माता सोहेल शेख, कासिम शेख आ अब्दुल हसन.

कहल जा रहल बा कि एह फिल्म से भोजपुरी के मुंबईया स्टाइल के सिक्का चल जाई.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा )

Loading

1 Comment

  1. sanjay singh

    i filim 3 saal se ban rahal ba kab riliz hoi pata nahi … nirmaata nirdeshak mahoday ke jaap kav vaveke chahi

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up