भोजपुरी सिनेमा के नया चेहरा राजीव दिनकर

by | Jun 30, 2010 | 0 comments

वइसे त फिल्मी दुनिया में रोजे कवनो ना कवनो सितारा के उदय होत रहेला बाकिर ओहमें से केहूएकेहू होखेला जे दर्शकन पर आपन गहिरा छाप छोड़ पावेला. राजीव दिनकर वइसने नयका चेहरा में से हउवन. पिछला एक महीना का भीतर उनकर दू गो फिल्म बाक्स आफिस पर दस्तक दिहलसि आ तीसरका अगिला महीना रिलीज हो रहल बा.

राजीव के पहिलका रिलीज फिल्म रहे लाट साहब. ऋतिक रोशन के काईट्स का साथे रिलीज होखला का बावजूद ई फिल्म बिहार के कई शहरन में निकहा व्यवसाय कइलसि. लाट साहब में राजीव दिनकर के किरदार एगो आवारा छात्र के रहे. उनकर दोसरका रिलीज फिलिम रहे बलिदान जवना में ऊ रविकिशन के बेटा आ छोट भाई का भूमिका में बाड़े. एह फिल्म में रविकिशन के दोहरी भूमिका बा. एह फिल्म में राजीव के अदाकारी के चहुँओर प्रशंसा हो रहल बा.

अब राजीव के जवन फिल्म रिलीज हो रहल बा ओकर नाम ह कबहू छूटे ना ई साथ. एह फिल्म में राजीव एगो आटो ड्राइवर के किरदार कइले बाड़न. आजु भोजपुरी सिनेमा के ऊ अकेला नयका स्टार बाड़े जिनका लगे बड़हन बड़हन बैनरन के आफर बा. राजीऽ दिनकर एकरा पहिले कई गो हिन्दी आ भोजपुरि फिल्मन में कोरियोग्राफर के काम कर चुकल बाड़े आ अब अभिनय का दुनिया में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करा दिहले बाड़न आ अब उनकर गिनती भोजपुरी सिनेमा के जमल जमावल कलाकारन में कइल जा सकेला.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up