राघवेन्द्र फिल्म्स के प्यार जिंदाबाद

by | Feb 21, 2011 | 0 comments


बरीसन पहिले अमिताभ बच्चन आ रजनीकांत के लेके कईगो बड़हन बड़हन हिट फिल्म बना चुकल फिल्म कंपनी श्री राघवेन्द्र फिल्म्स तेलगु फिल्म जगत के नामी गिरामी कंपनी मानल जाले. लमहर अरसा बाद कंपनी फेर उत्तर भारत के रुख कइले बिया आ “प्यार जिंदाबाद” नाम से एगो भोजपुरी फिल्म बनवले बिया. फिल्म में पंकज केसरी, सेज़ल शर्मा, सारा वगैरह मुख्य भूमिका में बावे लोग. “प्यार जिंदाबाद” सच्चे प्यार पावे खातिर एगो युवक के संघर्ष के कहानी ह जवना में रोमांस आ एक्शन के बढ़िया मिक्स बा. एकर निर्माता काशी जी, निर्देशक मोहन राव, संगीतकार सिद्धार्थ श्रीवास्तव, गीतकार श्याम जी श्याम आ लेखक राजीव यादव हउवें. फिल्म के बाकी कलाकारन में हीरालाल यादव, सिद्धार्थ शर्मा आ राजीव यादव शामिल बाड़े. फिल्म के शूटिंग हैदराबाद के रामोजी राव फिल्म सिटी में भइल बा. सधल स्क्रिप्ट पर बनल एह फिल्म मे मनोरंजन के भरपूर मसाला बा. फिल्म जल्दिये रिलीज खातिर तइयार होखी.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up