रुबी सिंह आत्महत्या कर लिहली

by | Feb 11, 2012 | 1 comment

अभी थोड़ देर पहिले पता चलल कि भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल अभिनेत्री रूबी सिंह आत्महत्या कर लिहले बाड़ी. रुबी सिंह के लाश आजु गोरेगाँव पश्चिम में उनुका भाड़ा वाला फ्लैट में दुपट्टा से लटकत मिलल. सुने में आइल बा कि रुबी सिंह एगो सुसाइड नोट छोड़ गइल बाड़ी जवना में लिखल बा कि ऊ खुद फाँसी लगावत बाड़ी आ एह खातिर केहु के दोषी मत मानल जाव.

मिस पटना रह चुकल रूबी सिंह के पिता डीएसपी हउवे आ परिवार पटना में रहेला. रूबी सिंह एहिजा अकेले रहत रहली. पटने के उनकर एगो दोस्त यदा कदा उनुका से भेंट करे आवत रहुवे. आजु जब ऊ रुबी सिंह से भेंट करे आइल त दरवाजा बन्द मिलल आ बहुत आवाजो लगवला पर ना खुलल त दरवाजा तूड़ के भितर गइला पर रूबी सिंह के लाश पंखा से दुपट्टा का सहारे लटकत मिलल.

रुबी सिंह अपना कैरियर के शुरुआत आलोक कुमार के फिल्म “हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से” के नायिका बन के कइले रहले. उनुकर आखिरी रिलीज फिल्म रहल शाद कुमार के “त्रिनेत्र” जवना में ऊ पवन सिंह के नायिका रहली. रूबी सिंह के आवे वाली फिलिमन में एलाने जंग, तोहरे नाम जिला हिलेला वगैरह बाड़ी सँ.

हालही में रूबी सिंह शाद कुमार के फिल्म “गौतम गोविन्दा” साइन कइले रहली.

रूबी सिंह के मौत के खबर से पूरा भोजपुरी फिल्म जगत सन्न रहल गइल बा.


(उदय भगत के भेजल रपट )

Loading

1 Comment

  1. Sunil

    hardik shradanjali

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up