पिछला दिने पूर्वांचल एकता मंच के आयोजित कइल “भोजपुरी का महाकुम्भ २०१३” गुडगांव में भइल. एह कार्यक्रम में भोजपुरी सिनेमा से बिपिन सिंह आ अक्षरा सिंह के सम्मानित कइल गइल.
एकता मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष संजय सिंह आ महासचिव राधेश्याम सिंह सहित समेत अनेके खासमखास आ लगभग एक लाख भोजपुरिया लोगन का मौजूदगी में भोजपुरी के जयकारा गूंजल.
बिपिन सिंह आ अक्षरा सिंह के मिलल एह सम्मान से ओह लोग का साथे अउरियो भोजपुरी कलाकारन के उत्साह बढ़ी. एह सम्मान ला बिपिन सिहं आ अक्षरा सिंह के हार्दिक शुभकामना.
(रामचंद्र यादव)