भोजपुरी फिलिमन के प्रसारण ला समर्पित 24 घंटा के चैनल आस्कर मूवीज भोजपुरी के शुरूआत हो गइल बा जवना पर दिन रात कबहियों भोजपुरी फिलिमन के देखल जा सकेला.
जी सिनेमा, स्टार गोल्ड, सेटमैक्स आ फिल्मी चैनल के तर्ज पर अब भोजपुरीओ के 24 घंटा चले वाला भोजपुरी मूवी चैनल शुरू हो गइल बा. ऑस्कर मीडिया प्रा०लि० के एह चैनल के उद्घाटन प्रसार भारती के सी.ई.ओ. रहल बी.एस. लाली बटन दबा के कइलन. एह मीका पर काशी विश्वनाथ मंदिर के मुख्य पुजारी श्रीकांत मिश्रा विधिवत पुजन अर्चन कइले.
ऑस्कर मीडिया के वाईस प्रेसिडंट आनंद सिंह के कहना बा कि बिहार यू.पी., झारखंड क संगही पंजाब, उड़ीसा, बंगाल आ महानगर मुम्बई, कोलकता, दिल्ली में 24 करोड़ भोजपुरिया लोग बा आ एह चैनल के ध्येय एही लोगन के साफ सूथर मनोरंजन देबे के बा.
(प्रशांत निशांत)
238 total views, 2 views today