PunamDubeyभोजपुरी सिनेमा के नंबर वन फिल्म निर्माण कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट नयका साल में लांच करे जात बिया मिस इलाहाबाद रहल आ सिनेमा जगत के नइकी सनसनी पूनम दूबे के.

इलाहाबाद विश्वविद्यालय के छात्रा पूनम दूबे के डांस में महारथ हासिल बा आ उनका खुशी बा कि आजु उ आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के फिलिम के हिस्सा बनल बाड़ी.

एह फिलिम के नाम होखी “जो जीता वही सिंकदंर” आ एहमें पूनम दूबे के नायक होखीहें भोजपुरी सूपर स्टार खेसारी लाल यादव. एह फिलिम से जुड़े का बारे में पूनम बतवली कि वेब म्यूजिक के कुमार गौतम उनका के दुर्गा प्रसाद मजूमदार से मिलववले आ बाद में उनका के दुर्गा दादा अपना फिलिम में नायिका बना लिहले.

पूनम अउरिओ कुछ फिलिमन में काम करे वाला बाड़ी जवन बड़का बैनर में बने वाला बा. पूनक के इरादा बा आपन अलग पहचान बनावल. पुनम दूबे सलमान खान के फैन हई. एह फिलिम से पहिले पूनम “बलमा बिहार वाला”, “अदालत” आ “कट्टा चलल दुपट्टा पर” वगैरह कुछ फिलिमन में आयटम नंबर कइले बाड़ी, बाकिर अब खेसारी लाल यादव के नायिका बाड़ी फिलिम “जो जीता वही सिंकदर में”.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: