प्यार, इश्क अउर मोहब्बत के बात त हमेशे होत रहेला बाकिर यू पी अउर बिहार के लड़िकन के आशिकी के कवनो जवाब ना होखे.
जी हँ, पांडव सिने विज़न प्रा लिमिटेड के बैनर में निर्माता जगमोहन सिंह सेठी आ सह निर्माता आर के कवि, अभिषेक धोंडियाल अउर धर्मेन्द्र त्रिपाठी के बनत फिलिम “आशिक़ हैं लड़के यू पी बिहार के” देखला का बादे पता चली एह आशिकी का बारे में
एह फिलिम ला भोजपुरी के सुपर स्टार खेसारी लाल यादव आ सफल फ़िलिम “जय पंडित” से चरचा में आइल नायक जय त्रिपाठी के बतौर नायक अनुबंधित कइल गइल बा, बाकी कलाकारन के चुने के काम चलत बा. फिलिम के निर्देशन करीहें मशहूर निर्देशक बाली. लेखक संतराम, के लिखल दू गो दोस्तन के कहानी वाली एह संगीतमय फिलिम के गीत-संगीत प काम चालू बा. फिलिम के शूटिंग जल्दिए शुरू होखे वाला बा.
(रामचंद्र यादव)