एस के फिल्म्स (चेन्नई) के फिलिम “गरदा” के एगो गीत के रिकार्डिंग पिछला दिने मुंबई के M4U स्टूडियो में चर्चित गायक आलोक कुमार आ ‘प्रियंका सिंह के आवाज में रिकार्ड कइल गइल.
निर्माता श्रवण कुमार, लेखक आ निर्देशक पराग पाटिल, सह निर्माता रमेश चन्द्र शर्मा, गीतकार राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा, मुन्ना दूबे अउर प्रेम सागर, संगीतकार छोटे बाबा, सिनेमेटोग्राफर जगमिन्दर हुन्डल, नृत्य निर्देशक संतोष कुमार अउर मयंक, आ मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव.
मुख्य भूमिकन में ऐक्शन किंग विराज भट्ट, अंजना सिंह, बालेश्वर सिंह, हैप्पी, धर्मेन्द्र सिंह, संचिता दूबे, राम मिश्रा, सी .पी . भट्ट, दीपक भाटिया, वैभव राय, साहिल, संजय वर्मा, सीमा सिंह, कविता सिंह, संजू चौहान, वारिस शाह, मनोज श्रीवास्तव वगैरह बाड़ें.
(अपना समाचार)