अबकी का छठ पर्व का पावन मौका पर भोजपुरी सिनेमा के बादशाह सितारा दिनेश लाल यादव निरहुआ के फिल्म “लोफर” रिलीज होखे जा रहल बा. मोनिका सिंह के निर्माण आ संजय सिन्हा के प्रस्तुति “लोफर” के निर्देशन रवि सिन्हा कइले बाड़े. रवि सिन्हा के निर्देशित “भोजपुरिया डॉन” आजुकाल्हु चारो ओर गरदा उड़वले बा.
“लोफर” में दिनेश लाल यादव के नायिका पाखी हेगडे आ सेक्सी बाला मोनालिसा बाड़ी. फिल्म के गीत पहिलही सुपर हिट हो चुकल बाड़े सँ. एह हाई वोल्टेज फिल्म के खलनायक अवधेश मिश्रा बाड़े. निरहुआ एह फिल्म में दू गो रोल में बाड़े आ एह चलते ऊ डबल उत्साहो में बाड़े.
निरहुआ के कहना बा कि “लोफर” में दर्शक भरपूर मसालेदार फिल्म देखीहें. निर्मात्री मोनिका सिन्हा के भरोसा बा कि दर्शकन के एह फिल्म से भरपूर मनोरंजन होखी.
त चलीं अबकी का छठ पर निरहुआ, पाखी, आ मोनालिसा के लोफरई देखल जाव.
स्रोत शशिकान्त सिंह
314 total views, 2 views today
bhojpuri ko bhool sake na dunia
is tarah dil me sama jaiye
hindi ki remake dikhana chhodiye
kuchh naya bhojpuri me dikha jaiye
thanks to all people of bhojpuri cinema
Namskar
”lofar”ke rilise hokhla ke bad hi opar kament kaiil thik rahi ”BHOJPURI KO NAMSKAR”
AAP KA
DINESH CHANDRA GUPTA
V B NARAIN PUR
DIST-BALLIA UP-277213
9830905865
dinesh.chandragupta71@gmail.com