Pakhi-Manojभोजपुरी के स्टार अदाकारा पाखी हेगड़े एक बेर फेरू भोजपुरी सुपरस्टार मनोज तिवारी संगे नजर आवे वाली बाड़ी. एहसे पहिले पाखी मनोज तिवारी संगे फिलिम ‘भईया हमार दयावान’ में काम कइले रही.

मशहूर निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ में मनोज तिवारी के पत्नी बनल बाड़ी पाखी हेगडे. पाखी के किरदार एह फिलिम में बहुते मजगर बा.

एह फिलिम में पाखी के देवर बनल प्रदीप पांडे चिंटू संगे देवर भउजाई वाला चुहुलो करत लउकीहें. एह फिलिम से पाखी के बहुते उमेद बा.

साईदीप फिल्म्स के बैनर में बनल एह फिलिम में पाखी हेगडे, मनोज तिवारी ‘‘मृदुल’’, प्रदीप पांडे चिंटू आ काजल रघानी के प्रमुख भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत )

Loading

By Editor

%d bloggers like this: