भिखारी ठाकुर के भोजपुरी के शेक्सपीयर कहल जाला. एने कुछ दिन से सोशल मीडिया प भिखारी ठाकुर के मूर्ति लगावे का बारे में फेसबुक प भोजपुरिका नवहियन में बहुते हलचल देखे पढ़े के मिलत बा.
एही बारे में फेसबुक पेज “अपनी भोजपुरी संस्कृति” के संचालक आ भोजपुरी कलाकार कमलजी मिश्रा कहले बाड़न कि भिखारी ठाकुर के प्रतिमा हर चर्चित जगहा लगावे के चाहीं. कमलजी मिश्रा के शिकायत बा कि भोजपुरी के कलाकार क्रिकेट खिलाड़ी सचिन के मंदिर बनवा सकेले बाकिर अपना भोजपुरी के भगवान के सन्मान करे ना आवे.
लिखले बाड़न कि जब ले भोजपुरी के भगवान के मूर्ति ना लगावल जाई तब ले चुप ना बइठीहें.
(इमेल से)
120 total views, 1 views today