RupaSinghअपना अभिनय कौशल आ नीमन सुभाव का चलते भोजपुरी फिल्म जगत आपन अलगे पहचान बना चुंकल रूपा सिंह आजु भोजपुरी के बड़की-बड़की फिलिमन के हिस्सा होखे लागल बाड़ी आ साथही छोटको परदा पर अपना के जमा लिहले बाड़ी.

अभिनय ला हमेशा सजग रहेवाली समहर अदाकारा रूपा सिंह भागलपुर के हई आ फिलहाल पटना में रहत बाड़ी. राँची से पढ़ाई-लिखाई पूरा कइला का बाद बतौर न्युज रीडर (बिहार न्युज) आपन कैरियर शुरू कइली. फेर कुछ हित मीत के सहयोग से बतौर एक्टर ईटीवी के सीरियल ’’दास्ताने जुर्म’’ करे के मौका मिलल आ ओकरा बाद त धारावाहिकन के सिलसिले चल निकलल.

रूपा सिंह के पहिला फिलिम रहले “बीए पास बहुरिया” जवना में उहे बहु बनल रही. छोटका परदा से प्रेरणा लेबे वाली रूपा सिंह के आदर्श हई रेखा जे एगो समहर अदाकारा हई. रूपा सिंह के फिलिम आ सीरियल दुनु नीक लागेला आ उनकर परिवार उनका के पूरा सहयोग देला.

भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह संगे काम क के रूपा सिंह कहेली कि “उनका साथे बहुते सहज लागेला काम कइल आ साथही सीखहू के भरपूर मिलेला”. रूपा सिंह अबले जवना फिलिमन में काम क चुकल बाड़ी तवना में खास बाड़ी स बीए पास बहुरिया, धर्मवीर, खोईछा, विदाई, दिलेर, सजन परदेशिया, लक्ष्मी जईसन दुलहिन हमार, गोरी तोरा गाँव बड़ा प्यारा वगैरह.

रूपा सिंह के धारावाहिकन में “भगवान हो” आ “जय जय शिवशंकर” (महुआ), अउर “बाबा ऐसो वर ढ़ुढ़ों” (एनडीटीवी) बाड़ी स. आवेवाली फिलिमन में “सेटिंगबाज” आ दू तीन गो अउर फिलिम बाड़ी स. दू तीन गो धारावाहिकनो में काम करत बाड़ी.

हमनी का रूपा सिंह के उज्जवल भविष्य के कामना करत बानी.


(कुन्दन राज)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: