Manoj-Hotelमशहूर भोजपुरी गायक आ भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी अब बिहार के राजधानी पटना में आपन खुद के पांच सितारा होटल ‘पाटलीपुत्र एक्जोटिका’ खोल लिहलें. पटना गांधी मैदान का लगे बनल एह होटल में मनोज तिवारी के पार्टनर बाड़ें अनिल कुमार.

पिछला दिने एह होटल के उद्घाटन केन्द्रीय मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल आ बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे कइलें.

मनोज तिवारी एह मौका पर कहलें कि जब सपना साँच हो जाव त ओकरा बखान कइल साँचहू बड़ा मुश्किल होला. हमहूं एगो सपना देखले रहीं जवन अब साँच हो के सोझा खड़ा बा.

उद्घाटन का मौका पर ‘भोजपुरी दबंग’ क्रिकेट टीम के मुखिया आनंद बिहारी यादवो मौजूद रहलन.


(शशिकांत सिंह)

Loading

By Editor

4 thoughts on “मनोज तिवारी के आपन पांच सितारा होटल खुलल पटना में”

Comments are closed.

%d bloggers like this: